मधेश के पर्यटन विकास कार्यालय के इन्जिनियर उपर पिटपाट आ दुव्र्यवहार

जनकपुरधाम ३ सावन

मधेश के पर्यटन विकास कार्यालय के इन्जिनियर मो. युनिस राइन उपर कार्यालय मे हाथपात तथा दुव्र्यवहार भईल बा । पुरा भईल योजना के भुक्तानी ना देहल कहत निर्माण व्यवसायी कार्यालय मे हि हाथपात आ दुर्व्यवहार कईले बाडन ।

‘इन्जिनियर राइन उपर सेवाग्राही दु÷तीन झापट मरले बाडन’, प्रत्यक्षदर्शी सेवाग्राही रामकेवल यादव कहनी, ‘ओकरा बाद उहाँ दोसर केहु रोकले रहलन ।’

पर्यटन कार्यालय आर्थिक बरीस २०७९÷०८० मे पुरा भईल ३६१ मेसे ३४ गो योजना के भुक्तानी देहले नईखे । भुक्तानी ना मिलेवाला योजना से सम्बन्धित आदमीसब बुध के दिने कार्यालय मे पुगल रहलन । उलोग इन्जिनियर राइन आ लेखा अधिकृत नवीन झा कमिसन माँगल आ ना देहला के चलते भुक्तानी ना देहल आरोप लगावत आईल बाडन ।

इन्जिनियर राइन उपर दुव्र्यबहार भईल भिडियो भी सार्वजनिक भईल बा । भिडियो मे एक जने इन्जिनियर राइन के जेभी मे हाथ डालके जबर्जस्ती कुछ कागजात छिनल देखल गईल बा । उ समूह इन्जिनियर राइन कमिसन माँगके भुक्तानी रोकल आरोप लगवले रहलन । ‘देखीं कमिसन लेहल बैंक के भौचरसब’, इन्जिनियर राइन के हाथ पकडत उ समूह के एक जने कहले बाडन, ‘तु चेक लियाव ना त एसपी (प्रहरी) अफिस् चल ।’

इन्जिनियर राइन ई आपन कार्यालय भितर के काम ह कहत बाहर जाएमे अस्वीकार कईले बाडन । कार्यालय मे लेखा अधिकृत नविन झा उपर हाथपात के प्रयास भईल बा । उ भी कमिसन के चलते भुक्तानी रोकल कहत उ समूह घेंट पकडले रहे ।

उ कार्यालय के प्रमुख मीन भट्टराई केहु उपर भी हाथपात ना भईल जिकिर कईनी । भिडियो हि सार्वजनिक भईल बा कहला के बाद उ आपन कार्यकक्ष उपरला तला मे भईला से जानकारी ना भईल बतवनी ।

लेखा अधिकृत झा कहनी, कार्यालय मे एक समूह हाथपात के प्रयास कईल बतवनी । कार्यालय प्रमुख भट्टराई सयम मे काम पुरा भईल फाइल ना अईला से ३४ योजना के करिब ३ करोड रोपेया भुक्तानी रुकल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।