ब्राइट लैन्ड के २२ वाँ वार्षिकोत्सव के अवसर मे विद्यार्थी के सम्मान
ब्राइट लैन्ड के २२ वाँ वार्षिकोत्सव के अवसर मे विद्यार्थी के सम्मान
प्रभु यादव
बारा १८ फागुन
ब्राइट लैन्ड इङलिस बोर्डिङ स्कूल के २२ वाँ वार्षिकोत्सव के अवसर मे विद्यार्थीलोग के सम्मानित कईल बा ।
वार्षिकोत्सव के अवसर मे विद्यार्थीलोग के अनेकन रचनात्मक तथा क्रियात्मककला के दृष्टिपात करत सम्मान कईल स्कुल के खेल प्रशिक्षक कृष्ण शर्मा बतवनी । ई स्कुल से २२ वाँ वार्षिकोत्सव मना रहला पर स्कुल से उत्पादन कईल विद्यार्थीलोग के गुणस्तर के अवलोकन कईला पर ३७% प्रतिशत सरकारी सेवा, ७% प्रतिशत बैंक मे तथा आउर बाकी डाक्टर आ प्राइवेट सेक्टर मे लागल स्कुल के अध्यक्ष डा. रामधारी यादव बतवनी ।
सम्मानित होखेवाला मे अतिरिक्त क्रियाकलाप मे सागर मण्डल, स्टुडेन्ट अफ द ईयर मे अविशेक कुशुवाहा, सृष्टि कुशुवाहा, अनुशासन के खातिर अकास यादव, पुजा पटेल, पोसाक पुरस्कार के खातिर सचिता जोसी आ सन्नी जैसवाल तथा नियमित विद्यार्थी ओरी सजल गुप्ता एवं अकांक्षा साह लगायत के विद्यार्थीलोग सम्मानित भईल बाडन ।
स्कुल के अध्यक्ष यादव के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि कलैया उप–महानगरपालिका के नगर प्रमुख विनोद साह, प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत नाथु साह, शिक्षा शाखा प्रमुख प्रह्लाद वर्णवाल, गोपाल सेवा समिति बारा के अध्यक्ष जंगाबहादुर यादव लगायत के सहभागिता रहल रहे ।