बारा के आ.व. २०७९÷०८० मे एक अरब से अधिक बजेट फ्रिज भईल

प्रभु यादव
बारा ३ सावन
बारा जिल्ला मे आर्थिक वरीस २०७९÷०८० मे संघिय आ प्रदेश के बजेट एक अरब २१ करोड ४० लाख ७१ हजार एक सय ६४ रोपेया ४४ पईसा फ्रिज भईल बा ।
संघिय बजेट चालू ओरी ३४ करोड ३५ लाख २६ हजार सात सय ७१ रोपेया २२ पईसा आ पुजिगत ओर ४० करोड २४ लाख १८ हजार पाँच सय ७८ रोपेया खर्च ना होखे सकल जवन फिर्ता भईल बारा कोष तथा लेखा नियन्त्रण कार्यालय के प्रमुख कोष नियन्त्रक विरेन्द्र प्रसाद धिमिरे जनकारी करावले बानी । संघिय बजेट चालू ओर १२ अरब ३१ करोड ८५ लाख ६१ हजार पाँच सय ७८ रोपेया आ पुजीगत ओर एक अरब ८० करोड ६३ लाख ७२ हजार सात सय तीन रोपेया रहल रहे प्रमुख धिमिरे जनकारी करावले बानी ।
बारा मे प्रदेश ओर चालू बजेट २४ करोड ६८ लाख ५७ हजार तीन सय ७९ रोपेया ७२ पईसा आ पुजीगत ओर २२ करोड १२ लाख ६८ हजार चार सय ३६ रोपेया फिर्ता गईल प्रदेश कोष लेखा नियन्त्रण एकाई कार्यालय वीरंगज के प्रमुख श्यामउदय ठाकुर जनकारी करावले बानी । आर्थिक बरीस २०७९÷०८० मे चालू ओर एक अरब १० करोड ८४ लाख ९६ हजार आठ सय ५२ रोपेया आ पुजीगत एक अरब सात करोड ११ लाख ४५ हजार कुल बजेट रहल रहे प्रमुख ठाकुर जनकारी करावले बानी । पालिका संघिय कार्यालय आ प्रदेश कार्यालय सब के खर्च होकर के आईल सशर्त अनुदान के रकम मे से अब आईल फिर्ता पईसा सब सावन के २५ गते तकले के बेरूजु मे जामा कईल जाई प्रमुख धिमिरे आ ठाकुर जनकारी करावले बानी ।
कोष तथा लेखा नियन्त्रण कार्यालय बारा के प्रमुख धिमिरे पालिका सब के एक बरिस के निसर्त रकम सब मेसे अन्तिम किस्ता के रूपेया खाता बन्द भईल के दु दिन वाद पेठावल गईल बतावले बानी । एक बरीस के अन्तिम किस्ता कुल बजेट के ३० प्रतिशत रकम खाता मे रहल धिमिरे जनकारी करावले बानी ।





