बारा मे २ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

प्रभु यादव

बारा २० सावन

बारा जिल्ला मे २ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे भईल परिक्षण मे दु जने मे संक्रमण पुष्टि भईल स्वास्थ्य कार्यालय बारा के प्रमुख रामनरेश यादव बतवनी ।

संक्रमित होखेवाला मे कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर ४ रहेवाला पर्सा घर भईल २९ बरीस के एक पुरुष आ फेटा गाँवपालिका वार्ड नं. ४ निवासी २८ बरीस के युवक मे संक्रमण पुष्टि भईल प्रमुख यादव बतवनी ।

उलोग के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर ३ शैक्षिक तालिक केन्द्र गंगापुर के आइसोलेसन मे राखल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।

उनकर परिवार आ सम्पर्क मे आईल आदमीसब के खोजतलास हो रहल जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।