नेका सचिव भैयाराम, नेकपा एस के उप–सचिव धु्रर्व उपर पिटपाट करेवाला के निलम्वन के माँग

ॐप्रभु यादव
बारा ३ सावन
नेपाली काँग्रेस के जिल्ला सचिव भैयाराम यादव आ नेकपा एस के जिल्ला उपसचिव धु्रर्व यादव के पुलीस से कईल पिटपाट के बिरोध मे नेकपा एस बिज्ञप्ती निकाल के बिरोध जनवले बा । कानुनी राज्य मे पुलीस मुस्कान सहित के सेवा देवेके जगहा मे नागरिक के बोले देवेके अधिकार के कुन्ठित करत पिटपाट कईल मानव अधिकार के ठाडो उलघन भईल बिज्ञप्ती मे उल्लेख बा ।
नेकपा एस के जिल्ला सचिव बिक्रम ठाकुर द्धारा जारी प्रेस विज्ञप्ती मे जिम्मेवार नेतालोग के गैर जिम्मेवारीपन मे निर्घात पिटपााट कईल बिधी के शासन, कानुनी राज्य के उपहास कईला से जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे सर्वसाधारण नागरिक उपर लाठी चलावेवाला डिएसपी पुरुसोतम सिंह पाण्डेय आ प्रहरी निरिक्षक रुपेश साह सहित संलग्न दोषी पुलीस कडा कारवाही के बिज्ञप्ती मार्फत माँग कईल बा ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे सेवा लेवे गईल आदमीसब उपर लाठी चार्ज करके निर्दोष आदमी के पिटपाट करके घायल बनावल घटना से जिल्लाबासीलोग दुःखीत भईल नेपाली काँग्रेस के जिल्ला उपसभापति मनोज भटू बतवनी ।
बारा के रौहाही, पर्सा के वीरगंज के आदमीसब बिच सवारी दुर्घना के बिषय मे दुनु पक्षबीच छलफल चल रहल समय प्रहरी निरिक्षक रुपेश साह नेतालोग के गारी देहला पर काहे गारी देनी कहके भैयाराम से पुछला पर पछाडी सादा डरेस मे खडा रहल डिएसपी पाण्डेय केस पकडके सचिव भैयाराम के दु मुक्का मारत फुहर शब्द प्रयोग करत पिटेके आदेश देहला के बाद प्रहरी निरिक्षक साह, आउर पुलीसलोग पिटत घिसियावत कन्ट्रोल रुम तक लियाके १० से १५ जने पुलीस मिलके पिटल प्रत्यक्षदर्शी नेकपा एस के उपसचिव धु्रर्व यादव बतवनी ।
कुरुरता पुर्वक पिठाई देखके नेपाली काँग्रेस के सचिव के अईसे पिटल गलत ह कहला पर प्रहरी निरिक्षक साह, डिएसपी पाण्डेय हमरा के भी पिटे लगलन कहके यादव बतवनी । एकरा से पहिले प्रहरी निरिक्षक साह ईलका प्रहरी कार्यालय बारागढी मे रहला पर उनकर ज्याजती के बिरोध मे बेलवाटोला के स्थानिय बासिन्दालोग घेराबन्दी करके पिटले रहलन ।
पुलीस के पिटाई से मुडि, पिठ लगायत देह के अनेकन अंग मे चोट लागल भैयाराम बतवनी । कलैया मे ईलाज होखे ना सकला के बाद आउर ईलाज के खातिर वीरगंज स्थित स्पर्श अस्पताल मे यादव के भर्ना करके ईलाज हो रहल नेपाली काँग्रेस बारा जिल्ला सचिव राजेश रौनियार जानकारी देहनी ।
एहितरे नेपाली काँग्रेस आ नेकपा एस अलग अलग प्रमुख जिल्ला अधिकारी नवराज सापकोटा के ज्ञापनपत्र बुझावत दोषी डिएसपी पाण्डेय, प्रहरी निरिक्षक साह सहित घटना मे संलग्न पुलीस के कारवाही करेके माग कईले बाडन । दोषी सभी के निलम्बन ना कईला पर संघर्ष के कार्जक्रम लियावेके चेतावनी भी ज्ञापनपत्र मार्फत देहले बाडन । ज्ञापनपत्र के बोधार्थ प्रधानमन्त्री के कार्यालय, गृह मन्त्रालय, राष्ट्रिय मानव अधिकार आयोग काठमाण्डु, मधेस प्रदेश कार्यालय, जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा मे कईल बा ।
ज्ञापन पत्र बुझावेवाला मे नेपाली काँग्रेस के मधेस प्रदेश के सहमहामन्त्री जयनारायण यादव, निवर्तमान जिल्ला सभापति जयचन्द्र चौरसिया, उपसभापति मनोज भटू, सचिव राजेश रौनियार, सहसचिव प्रमोद यादव, महागढीमाई नगरपालिका के मेयर उपेन्द्र यादव, नेकपा एस के पोलिटब्यूरो सदस्य दिनेश राई, संविधान सभा सदस्य रामचन्द्र प्यासी, जिल्ला अध्यक्ष बिजेन्द्र चौधरी, जिल्ला सचिव बिक्रम ठाकुर, कलैया उपमहानगरपालिका के अध्यक्ष अरुण खनाल लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
घटना के विरुद्ध नेपाली काँग्रेस पार्टी कार्यालय से निकलल बिरोध जुलुस नगर के अनेकन भाग परिक्रमा के बाद जिल्ला प्रशासन कार्यालय अगाडी नाराबाजी भी कईले रहलन ।
एने प्रहरी उपरिक्षक होमिन्द्र बोगटी हम ना रहल समय धु्रर्व यादव प्रहरी निरिक्षक रुपेश साह से आदमी छोडेके कहला के बाद एसपी साव के आदेश नईखे कहके जवाफ देहला पर बादविवाद होके दुनु जने के बिच मे समान्य ठेलाठेल भईल रहे कहके दाबी कईनी । भैयाराम यादव आ धु्रर्व यादव के निर्घात पिटपाट ना भईल बोगटी के दावी रहल बा ।




