कर मिनाहा के माग करत वीरगंज मे प्रदर्शन

वीरगंज २८ जेठ

कोरोना महामारी के समय मे भी कर उठावेके संघीय सरकार के नीति के विरोध मे वीरगंज मे प्रदर्शन भईल बा ।

वीरगंज के घण्टाघर मे सामाजिक दुरी कायम राख के समाजवादी युवा संघ के नेता तथा कार्यकर्तालोग आजु सरकार के विरोध कईले बाडन ।

लकडाउन अवधिभर के कर, बैंक ब्याज, बिजुली के बिल, स्कुल तथा कलेज के शुल्क आ घर भाडा मिनाह के माग करत जनता समाजवादी पार्टी निकट संघ के नेता तथा कार्यकर्तालोग विरोध प्रदर्शन कईले बाडन ।

प्रदेश २ के विशेष आर्थिक प्याकेज घोषणा कर, मलखाद तथा बिउबिजन सुलभ रुप मे उपलब्ध कराव, आरटी पीसीआर किट पर्याप्त मात्रा मे उपलब्ध कराव, विदेश मे फँसल नेपाली के अबिलम्ब उद्धार के व्यवस्था मिलाव लगायत के नारा लिखल प्लेकार्ड लेके प्रदर्शन कईल युवा संघ के नेता फिरोज मन्सुर जानकारी देहनी ।
सरकार जनता के दुःख ना बुझला के चलते सांकेतिक रुप मे विरोध करत राज्य के ध्यानाकर्षण करावल गईल संघ के प्रदेश सदस्य शिव कुमार साह बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।