बनजंगल ओरा रहला से वातावरण मे गम्भीर असर परल बा – उपमेयर आलम

वीरगंज ०४ सावन

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं ३१ कोनिया मे धान पाकेट विकास कार्जक्रम तथा समृद्वि के खातिर वन परियोजना कार्जक्रम बियफे के दिने पुरा भईल बा ।

उ कार्जक्रम अन्तर्गत प्रमुख अतिथि वीरगंज महानगरपालिका के उपमेयर इम्तियाज आलम वृक्षरोपण, मोटर आ स्प्रे टंकी वितरण कईनी । वीरगंज महानगरपालिका के सहजोग तथा शान्ति सदभाव कृषक समूह, मेलमिलाप कृषक समूह, मंगलबाबा जग्गा ब्यवस्थापन समूह के आयोजना मे वृक्षारोपण कार्जक्रम कईल बा । उ अवसर मे आम, लिच्ची, रुनी लगायत फल के पौधासब करके १ हजार वृक्षारोपण कईल बा । एहितरे खेत मे सिचाइ करे खातिर उपमेयर आलम १२ थान मोटर आ ३० पिस स्प्रे टंकी वितरण कईले बाडन ।

उ कार्जक्रम के सम्बोधन करत उपमेयर आलम वनजंगल ओरात गईला से वातावरण मे गम्भीर असर परल बतावत अभी भी पानी ना परला से खेतीयोग्य जमिन बञ्जर जईसन बनला से सिचाइ करे खातिर मोटर वितरण करेके परल बतवनी । “सहरी क्षेत्र मे भी हरेक घर मे कुछ ना कुछ जमिन खाली होखेला, जेतना जमिन बा ओमे पौधा रोपल जाँव,” कहत उ, “जदि जगहा नईखे त घरके छत मे भईला पर भी बडका पौधा रोपल जाँव । एकरा से महानगर के हरियाली बनावेमे सहजोग पुगी ।

उपमेयर आलम जलवायु परिवर्तन के चलते मानव जीवन से जीवजन्तु आ पशुपक्षी मे भी गम्भीर असर परे लागल उल्लेख करत भौतिक संरचना निर्माण कईला पर गाछि कटान कईला पर पर्यावरण मे बहुते हि समस्या देखल गईल बतवनी । उ अवसर मे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं ३१ के वार्ड अध्यक्ष, उपमेयर के स्वकीय सचिव शेष हजरा, नेपाली कांग्रेस के नेता धर्मराज यादव लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।