पत्रकार दुबे पहलमानलोग के ट्रयाकसुट देहनी

पत्रकार दुबे पहलमानलोग के ट्रयाकसुट देहनी

बारा, ८ माघ

फेटा गाँवपालिका वार्ड नम्बर १ रजवटीया टोल के पहलमान (कुस्ती खेलाडी)लोग के पत्रकार उमेश दुबे ट्रयाकसुट देहले बानी ।

स्थानीय जनप्रतिनिधि लगायत मेयर भी कुस्ती खेलाडीलोग के खासे वास्ता ना कईला के बाद पत्रकार दुबे ट्रयाकसुट देहले बानी । श्री हनुमान आखडा समु्ह मे कुस्ती खेलेवाला खेलाडीलोग के दुबे सम्मान स्वरुप ट्रयाक वितरण कईले बानी । ट्रयाकसुट वितरण करत दुबे कुस्ती खेलाडी के अभी के समय मे गाँवपालिका भितर एगो जगहा मे कुस्ती खेल हो रहला के चलते चुनौती के सामना करत अगाडी बढे खातिर सुझाव देहले रहनी ।

श्री हनुमान आखडा समु्ह के गुरु ब्रम्हदेव यादव अभी तक स्थानीय पालिका से करे ना सकल काम पत्रकार एवम समाजसेवी उमेश दुबे कईलन कहके खुसी जनवनी । उ आखडा मे खेलेवाला खेलाडीलोग के सामान भा खेल के खातिर बेर बेर फेटा गाँवपालिका मे जाके मेयर रुस्तम अंसारी के कहला पर भी कउनो सुनवाई ना कईल दुःख सुवनी ।

दुबे सम्मान स्वरुप वितरण कईल ट्रयाकसुट के चलते खेलाडीलोग मे आउर उर्जा थपाईल बतावत अब उप्रान्त खेलाडीलोग के जनसंख्या भी बढे सकेके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।