डिएसपी आ इन्सपेक्टर के निलम्बन के माग करत मसाल जुलुस, कलैया बन्द के घोषणा

प्रभु यादव

बारा ०९ सावन

बारा के कलैया मे प्रहरी नायव उपरिक्षक पुरूषोतम सिह पाण्डे आ प्रहरी निरीक्षक रूपेस साह के निलम्बन करके कारवाही करेके माग करत मसाल जुलुस प्रर्दशन भईल बा ।

रामजानकी मन्दिर से बारा के सर्वदलीय आन्दोलन समिति के संयोजक मनोज भट्ट के अगुवाई मे निकलल मसाल जुलुस नगर परिक्रमा करत जिल्ला प्रशासन कार्यालय, प्रहरी कार्यालय अगाडि नाराबाजी करत भरत चौक मे सभा कईले रहल रहे । आन्दोलन के सात वाँ दिन स्वरूप बदल के मसाल जुलुस प्रदर्शन कईले बा । बारा मे भईल पिकप मोटरसाईकल दुर्घटना मे पिडित के पक्ष मे दवाई उपचार के खर्च के सम्बन्ध मे छलफल करेला पुगल नेपाली काग्रेस बारा के सचिव भैयाराम यादव आ नेकपा एस के सह–सचिव ध्रुव यादव के पाण्डे अउरी साह दुर्ववहार करत कुटपिट कईले रहल जवना खातिर छनविन करके दोषि के निलम्बन कर के कारवाही करेला माग राख के सर्वदलीय आन्दोलन करहल बा ।

नेपाली काग्रेस बारा के सचिव यादव के चोटलगला से कलैया विरंगज मे इलाज कराईलावाद पिठि मे हडी आ नासा मे समस्या भईला से थप इलाज खातिर भारत के दिल्ली गईल बानी । बुधवार के दिन प्रहरी कार्यालय मे भईल घटना के अनुसन्धान कर के कर्वाही करेला कलैया के सभे व्यापार बन्द रही आन्दोलन समिति जनकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।