प्रभु साह उपर कारवाही के माग करत सर्वदलिय÷सर्वपक्षिय संयुक्त संघर्ष समिति प्रजिअ के बुझवलख ज्ञापन, हत्यारा के जोगावे खातिर ६ दल एकजुट :आजपा प्रवक्ता साह

मेवालाल यादव
रौतहट, ९ सावन
तत्कालिन माओवादी के नेता प्रभु साह के कारवाही करे खातिर सर्वदलिय÷सर्वपक्षिय संयुक्त संघर्ष समिति प्रमुख जिल्ला अधिकारी मार्फत प्रधानमन्त्री के ज्ञापन पत्र बुझवले बा ।
नेपाली काँग्रेस, नेकपा एकिकृत समाजवादी, जनता समाजवादी पार्टी, नेकपा माओवादी केन्द्र, जनमत पार्टी आ लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टीद्धारा गठन कईल सर्वदलिय÷सर्वपक्षिय संयुक्त संघर्ष समिति मंगर के दिने गौर मे वृहद्ध विरोध प्रदर्शन करत प्रमुख जिल्ला अधिकारी मार्फत प्रधानमन्त्री के ज्ञापन पज्ञ बुझवले बा ।
६ पार्टीद्धारा गौर मे निकालल वृहत विरोध जुलुस मे अन्तरराष्ट्रिय कुस्ती खेलाडी उपेन्द्र दास वैरागी, शिक्षक सुनिल यादव, स्वास्थ्यकर्मी शुरेश यादव आ हिन्दुवादी नेता काशी तिवारी के हत्या करावेवाला अभियुक्त तत्कालिन माओवादी के नेता आम जनता पार्टी के अध्यक्ष प्रभु साह के पकडके कारवाही करेके कहत गौर नगरभर नाराबाजी करत जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे पुगके प्रजिअ धर्मेन्द्रकुमार मिश्र मार्फत प्रधानमन्त्री के ज्ञापन पत्र बुझवले बा ।
२०६३ साल चईत ७ गते गौर राइस मिल्स मे मधेशी जनअधिकार फोरम के तोकल आम सभा के विथोले खातिर तत्कालिन नेकपा (माओवादी) के भातृ संगठन राष्ट्रिय मधेशी मुक्ति मोर्चा के अध्यक्ष प्रभु साह भी उहे मैदान मे कार्जक्रम करे खातिर मञ्च बनाके देश के अनेकन जगहा से छोटा हथियार सहित राइस मिल्स मे उतरले रहलन । छोटा छोटा हथियार लेके आईल कार्यकर्तालोग मधेशी जनअधिकार फोरम के मञ्च के तोडफोड करत गोली फायरिङ्ग कईला के बाद सर्वसाधारण जनतासब आपन जिउधन के रक्षार्थ कईल प्रतिकारात्मक काम के परिणाम स्वरुप गौर घटना भईल रहे ।
गौर मे मधेशी जनअधिकार फोरम के कार्जक्रम विथोलेके तथा अराजक घटना घटावेवाला मुख्य जिम्मेवार तत्कालिन माओवादी नेता प्रभु साह हि रहल बुझावल ज्ञापन पत्र मे उल्लेख बा ।
१७ बरीस पहिले भईल गौर राइस मिल्स लगायत अनेकन जगहा मे आत्मरक्षा के खातिर कईल प्रयाससब के झुठा मुद्दा बनईला मे ओईसन झुठा मुद्दा के जाहेरी खारिज करे खातिर नेपाल सरकार एवं प्रधानमन्त्री के कार्यालय के ज्ञापन पत्र पठावेके साथे जिल्ला प्रहरी कार्यालय उ मुद्दा तामिलि मे राखे खातिर निहोरा सर्वदलिय÷सर्वपक्षिय संयुक्त संघर्ष समिति कईले बा ।
जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) के जिल्ला अध्यक्ष एवं सर्वदलिय÷सर्वपक्षिय संयुक्त संघर्ष समिति के सदस्य श्यामविहारी यादव तत्कालिन मधेशी जनअधिकार फोरमद्धारा आयोजना कईल कार्जक्रम के सुनियोजित रुप मे विथोले खातिर तत्कालिन माओवादी नेता प्रभु साह के योजना मे करावल विशुद्ध गौर घटना रहल आरोप लगवनी । गौर मे सुनियोजित रुप मे घटावल घटना के नाइके साह के तत्काल नियन्त्रण मे लेके कारवाही प्रक्रिया अगाडि बढावेके माग रखनी ।
नेकपा एकिकृत समाजवादी के युवा नेता बृजकिशोर यादव तत्कालिन माओवादी के नेता प्रभु साह गौर घटना के मुद्दा सृजना करके आम जनता पार्टी के बरियार बनावेके षड्यन्त्र मात्र रहल उ ठहर कईनी । साह के जिद्दी के चलते गौर मे एतना बडका दुखद घटना रहे ।
एहितरे गौर हत्याकाण्ड के हत्यारा के जोगावे खातिर रौतहट के राजनीतिक दलसब एकजुट भईल बाडन । ती दल गौर प्रदर्शन करत गौर हत्याकाण्ड के हत्यारा के जोगावेमे प्रयास कईल आरोप आम जनता पार्टी (आजपा) लगवले बा ।
आम जनता के कउनो हक अधिकार भा पीडितलोग के न्याय दिलावे खातिर एकजुट भईला के बदले उ दल एकाएक वितल १७ बरीस से न्याय के ईन्तजार मे रहल पीडित के आउर पीडा देवेके काम कईल ठहर प्रवक्ता चन्द्रभुषण साह से जारी कईल बिज्ञप्ती मे उल्लेख बा ।
गौर हत्याकाण्ड के नाईके के कारवाही आ पीडित के न्याय देवेके माग करत आजपा अध्यक्ष एवं रौतहट ३ से निर्वाचित सांसद प्रभु साह के जोडके उ दल बदनाम करे लागल आजपा जनवले बा ।






