रौतहट मे ५० हजार मे ३ बरीस के प्राविधिक शिक्षा अध्ययन सुरु

रौतहट १२ सावन,
वितल ८ बरीस से अध्य्यन अध्यापन करावत आरहल रौतहट के धरहरी, देवाही गोनाही नगरपालिका वार्ड नं. ११ स्थित जय किसान बहु–प्राविधिक शिक्षालय अभी तक लेत आईल प्रति विद्यार्थी ९८००० शुल्क के घटाके अब से ५० हजार मे ३ बरीस के अध्ययन करावेके जनवले बा ।
निर्णय संगे विद्यार्थीलोग अब ५० हजार मे प्राविधिक शिक्षालय ३ बरीस के ओभरसियर, आइटी आ कृषि क्षेत्र मे अध्ययन करे मिलेके जनावल गईल बा ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय रौतहट के प्रमुख जिल्ला अधिकारी धर्मेन्द्र कुमार मिश्र के अध्यक्षता मे बईठल बईठक से अईसन निर्णय कईल शिक्षालय के प्रमुख ई.धनोज कुमार यादव बतवनी ।
ई निर्णय सँगे स्थानीय से बाहर जिल्ला के अध्य्यन करे खोजेवाला कम आयस्रोत भईल बिद्यार्थीलोग के भी फायदा पुगी । इहाँ शिक्षालय आधुनिक प्रविधी मुताविक पढावत अईला के साथे शिक्षालय मे सुबिधा सम्पन्न पुस्तकालय, कम्प्युटर ल्याब, बिज्ञान प्रयोगशाला के व्यवस्था कईल बा ।
डिजिटल प्रविधी से अध्यापन करावेके, बिद्यार्थी के जरुरी पुस्तक लगायत शैक्षिक सामानसब शिक्षालय हि दी, –दक्ष आ अनुभवी शिक्षक रहल, बिद्यार्थी के खातिर सुबिधा सम्पन्न खेल मैदान, जिल्ला मे उत्कृष्ट नतिजा लियावेमे सफल शिक्षालय के रुप मे रहल प्रमुख ई.धनोज कुमार यादव बतवले बानी ।





