नार्क के उत्कृष्ट अनुसन्धान के केन्द्र बनावल जाई : कृषि मन्त्री भुसाल

काठमाण्डु १६ सावन

कृषि तथा पशुपन्छी विकास मन्त्री डा. बेदुराम भुसाल नेपाल कृषि अनुसन्धान परिषद (नार्क) के उत्कृष्ट एवं नमुना अनुसन्धान केन्द्र के रुप मे विकास करेके बतवले बानी ।

ललितपुर स्थित खुमलटार मे आजु नार्कद्धारा केन्द्रीय स्तर मे आयोजना कईल चउथका त्रैमासिक तथा बार्षिक प्रगति समीक्षा कार्जक्रम के सम्बोधन करत मन्त्री भुसाल नार्क सहित कृषि अनुसन्धान तथा विकास के खातिर मन्त्रालय जरुरी सहजोग करे खातिर तइयार रहल उ बतवनी ।

‘नेपाल के कषि अनुसन्धान के कृषक आ उत्पादन से जोडत कईसे अगाडि बढेके कहके हमनी के ध्यान पुगल जरुरी रहल बा’ मन्त्री भुसाल कहनी, ‘वीया, प्रविधि तथा नश्ल सुधार के खातिर हमनी के अनुसन्धान भी गहन होखेके पडि ।’

उन्नत किसिम के बीया आ प्रविधि के प्रयोग ना करके उत्पादन बढावे ना सकेके भईला से ई विषय मे नार्क के महत्वपूर्ण योगदान होखेके उ बतवनी । कृषि तथा कृषक के बिकास कईसे होखी कहके बिषय मे नार्क आपन अनुसन्धान से प्रमाणित करेके पडल ।

बीया, प्रविधि तथा नश्ल सुधार के खातिर भारत के कृषि अनुसन्धान से सहकार्य के खातिर आईसीएआर तईयार रहल बतावत उ नेपाल आ भारत के बीच मे कृषि के क्षेत्र मे सहकार्य करे सकेके बतवनी ।

नार्क के कार्यकारी निर्देशक डा.ध्रुवराज भट्टराई के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नार्क के आवेवाला कार्जक्रम एवं चुनौति के बिषय मे भी छलफल भईल रहे । कार्यकारी निर्देशक भट्टराई नार्क बितल आ.व. के चउथका त्रैमासिक तथा वार्षिक प्रगति मे प्रस्तुति सहित नार्क मे अभी सुरु कईल सुधार के प्रयाससब आ नार्क के आगामी कार्यदिशा के बारे मे भी जानकारी करवनी ।

कार्जक्रम मे कृषि मन्त्रालय के योजना तथा विकास सहायता समन्वय महाशाखा के सहसचिव डा. राजेन्द्र मिश्र, मन्त्रालय के प्रशासन महाशाखा के सहसचिव मदन भुजेल, कृषि विभाग के महानिर्देशक डा.हरिबहादुर केसी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

कार्जक्रम मे नार्क के योजना तथा समन्वय निर्देशक डा. लुमानिधि पाण्डे स्वागत मन्तव्य रखले रहलन आ कार्जक्रम के सञ्चालन राष्ट्रिय कृषि प्रविधि सूचना केन्द्र के प्रमुख डा.कालिकाप्रसाद उपाध्याय कईले रहलन । एकरा से पहिले हि अनेकन प्रदेश के चउथका त्रैमासिक तथा बार्षिक प्रगति समीक्षा कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।