सडक मे लावारिस अवस्था मे मिलल चार महिना के बच्चा, बारा पुलीसद्वारा उद्धार

बारा १६ सावन
बारा आ रौतहट के सिमाना मे परेवाला धन्सार पुल लगेके सडक मे मंगर के दिने लावारिस अवस्था मे मिलल चार महिना के बच्चा के पुलीस उद्धार करके अस्पताल लेगईल बा ।
इलाका प्रहरी कार्यालय निजगढ के प्रहरी टोली सडक किनार मे मिलल बच्चा के उद्धार करके कलैयास्थित अस्पताल लेगईल बा ।
सडक किनार मे लईका के लावारिस अवस्था मे देखला के बाद यात्रु पुलीस के खबर कईले रहलन । यात्रु के सूचना मिलला के बाद पुगल पुलीस टोली बच्चा के उद्धार करके अस्पताल लेगईल बारा के प्रहरी उपरीक्षक होबिन्द्र बोगटी जानकारी देहनी ।
बच्चा के कलैयास्थित प्रादेशिक अस्पताल मे चिकित्सक के निगरानी मे राखल बा । प्रहरी उपरीक्षक बोगटी बच्चा के सडक मे छोडेवाला आदमी के खोजी हो रहल जानकारी देहनी ।
बोगटी के मुताविक बच्चा मिलल घटना सार्वजनिक भईला के बाद अभिभावकत्व लेवे खातिर कुछ आदमी चासो देखवले बाडन ।
पहिले अभिभावक के खोजी करेके आ अभिभावक के अवस्था पत्ता ना लागला पर बच्चा के पालनपोषण करे सकेवाला आदमी के कानुनी प्रक्रिया पूरा करके देवेके बतवनी ।






