वडा प्रहरी कार्यालय बिर्ता के क्यूआरटी टोली प्रमुख यादव के आतंक

अजय कु. चौरसिया
वीरगंज १६ सावन,
वडा प्रहरी कार्यालय बिर्ता के प्रहरी सहायक निरीक्षक (घुमुवा) रामसोग्रत यादव के चलते सार्वसाधारण आतंकित बनल सिकाईत बढल बा ।
वडा प्रहरी कार्यालय बिर्ता के प्रहरी निरीक्षक बिदुर प्रसाद सिवाकोटी सर्वसाधारण के शान्ति सुरक्षा आ अमन चैन के खातिर क्यूआरटी घुमुवा के रुप मे यादव के नेतृत्व मे टोली खटईला पर भी उ आपन पद के दुरुपयोग करत सर्वसाधारण के आतंकित करेके काम मे अगाडि बढल स्थानियलोग सिकाईत कईले बाडन ।
घुमुवा के रुप मे खटल प्रहरी सहायक निरीक्षक यादव सिमावर्ती क्षेत्र छपकैया, ईनर्वा, नगवा लगायत के जगहासब मे पुग के तस्करलोग से महिनवारी असुली कर रहल स्थानियलोग सिकाईत कईले बाडन ।
बितल कुछ समय से बन्द रहल तस्करी अभी खुलल सुरु भईल बा । वीरगंज के नगवा से हरेक दिन करिब ३ ट्रक टमाटर, बन्दा कोभी, दारु, कबाडी लगायत के सामानसब भारत ओरी तस्करी होत आईल बा, आ भारत से हाडवेर्यर, कपडा, किराना सामान, भईस पाडा लगायत के सामानसब तस्करी के माध्यम से नेपाल आरहल बा ।
वीरगंज के नगवा, ईनर्वा, भन्सार, छपकैया से सर्वसाधारणलोग आपन घर खर्च के खातिर एक बोरा चाउर तथा घरायसी सामान लिअईला पर बिना पईसा के केहु के आवे ना देरहल स्थानियलोग सिकाईत कईले बाडन ।
उ भारत के रक्सौल लगायत के बजारसब से घरायसी सामान लेके अईला पर सर्वसाधारणलोग के रोक के चेकजाँच के बहाना मे पकडके लेजाएके, घेर देवेके लगायत के घुर्कीसब देखावत रु. ५० से १ हजार तक लेरहल स्थानिय प्रत्यक्षदर्शीलोग बतवले बाडन ।
उहे नाका से तस्करी करेवाला तस्करलोग से साठगाठ करके लाखो के सामानसब लिअईला पर कउनो रोकटोक ना कर रहल जनावल गईल बा । तस्करलोग से महिना मे रोपेया लेहरला के चलते तस्करलोग के छुट देहल छपकैया के एक तस्कर नाम उल्लेख ना करेके शर्त मे बतवले बाडन । घुमुवा के रुप मे खटल प्रहरी सहायक निरीक्षक यादव बितल कुछ बरीस पहिले वडा प्रहरी कार्यालय बिर्ता मे कार्यरत्त रहलन ।
उनकर सरुवा होके गईला के बाद फेनु घुमफिर करके सोर्स फोर्स आ बडकालोग के आर्शिवाद से वडा प्रहरी कार्यालय बिर्ता मे आवेके सफल भईल बाडन ।
बितल लम्हर समय से वडा प्रहरी कार्यालय बिर्ता मे क्यूआरटी टोली प्रहरी हवलदार के नेतृत्व मे रहल रहे माकिर प्रहरी सहायक निरीक्षक यादव हम बढिया आम्दानी करके देवेके प्रतिबद्धता जनईला के बादा उनका के क्यूआरटी के जिम्मा देहल प्रहरी स्रोत के दाबी रहल बा ।






