राजस्व लक्ष्य पुरा करे खातिर भन्सार के कर्मचारी इमान्दार होखेके पडल: अर्थमन्त्री महत

वीरगंज १८ सावन

अर्थमन्त्री डा. प्रकासशरण महत सभी केहु इमान्दार होके काम कईला पर राजस्व लक्ष्य पुरा होखेके बतवले बानी । बियफे के दिने वीरगंज स्थित सुख्खा बन्दरगाह भन्सार आ वीरगंज भन्सार कार्यालय के निरीक्षण के समय मे अर्थमन्त्री महत भन्सार मे होखेवाला दुरुपयोग के कर्मचारी गम्भीरतापूर्वक लेवे सकला पर आ सभी इमान्दार भइला पर सहजे लक्ष्य मे पुगे सकेके बतवनी ।

अर्थमन्त्री महत आयात आ माग ना भईला से भन्सार शुल्क ना उठल स्वाभाविक भईल आ ओमे राजस्व ना उठला मे कर्मचारी के नियन्त्रण बाहर के बात भईल बतवनी माकिर बजार मे प्रशस्त मालवस्तु रहला पर भी राजस्व घट रहल बा उ अवस्था मे सवाल करे सकेके उनकर कहनाम रहे ।

जायज बात के नजायज बनावे लागल, सार्वजनिक से निजी फायदा के उपर राखे लागला पर निश्चित रूप मे व्यवसायी दोसर रास्ता खोजेके उनकर कहनाम रहे ।

राजस्व संकलन मे भन्सार आ सुरक्षा निकाय के महत्वपूर्ण भूमिका होखेला । भन्सार नाका से बाहर से मालवस्तु आयात भईला पर ओकरा से सुरक्षा निकाय से देखेके पडल, मन्त्री महत कहनी ।

सुख्खा बन्दरगाह मे बडका मेसिन अईला पर भी उपयोग मे आवे ना सकल उल्लेख करत उ, “उपयोग मे काहे ना अईल केहु के जानकारी नईखे, दोसर केहु सहजोग हि करेके ना चहलन ।

ई प्रयोग मे अईला पर निजी के फायदा ना पुगी कहके सुनल गईल, प्रविधि कहल काम के सहजीकरण करेके ह, जाँचपास विधि के सहज बनावेके ह, ओकरा के ग्रहण करेके पडि, ओकरा के अपग्रेड करे खातिर स्रोत के कमी ना होखी, माकिर अपनेलोग के सहजोग करेके पडि ।”
भन्सार योगदान के ४० प्रतिशत सुख्खा बन्दरगाह भन्सार आ वीरगंज भन्सार कार्यालय से प्राप्त होखेके उल्लेख करत मन्त्री महत कर्मचारी के जिम्मेवारी केतना गहन बा कहके एतरा से बुझेके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।