अबैध खोंसी आ डिजेल पकडाईल

वीरगंज २४ फागुन,

पर्सा के पोखरीया नगरपालिका वार्ड नं.४ से अवैैध १० गो खोंसी पुलीस पकडले बा । इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के संयुक्त टोली आजु दिन के करिब १२ बजे भारत से भंसार ना तिर के चोरी निकासी करत अवैध रुप मे नेपाल लिया रहल खोंसीसब नियन्त्रण मे लेहले बा ।

विशेष सुचना के आधार मे खटल पुलीस टोली रु १ लाख २० हजार मुल्य बराबर १० गो खसी नियन्त्रण मे लेहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा । नियन्त्र मे लेहल खोंसी जरुरी कारवाही के खातिर वीरगंज भंसार कार्यालय बुझावल गईल इप्रका पोखरिया के प्रहरी निरिक्षक चन्द्र कुमार सिंह बतवनी ।

होली के खातिर व्यपारी पर्सा के ग्रामिण नाका होके भारत से अवैध तरिका से नेपाल लिया रहल खोंसी पुलीस पकडल जनावल गईल बा ।
एहितरे नेपाल से भारत ओरी लेजारहल ७ सय लिटर डिजल पर्सा पुलीस बरामद कईले बा । पुलीस आजु पर्सा के पकाहामैनपुर गाँवपालिका वार्ड नं.१ धोरे से ३ गो भारतिय मोटरसाइकल सहित डिजल बरामद कईले बा ।

नेपाल से भारत ओरी लेजा रहल बिआर२२ के ३७३१, बिआर२२जी ८४२४, बिआर०५डि २८९६ नम्बर के मोटरसाइकल सहित ७०० लिटर डिजेल बरामद कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा । नेपाल से भंसार ना तिरके चोरी निकासी करके अवैध रुप मे डिजेल जात बा कहके सुचना के आधार मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा से खटल पुलीस टोली डिजल बरामद कईल जनावल गईल बा ।

बरामद डिजल आ मोटरसाइकल जरुरी कारवाही के खातिर वीरगंज भंसार बुझावेके काम हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।