करैयामाई गा.पा. के कागजात किर्ते कईल आरोप मे एक जने पकडईले

प्रभु यादव
बारा १८ सावन
बारा जिल्ला के करैयामाई गाँवपालिका नक्कली कागजात आ हस्ताक्षर किर्ते कईल आरोप मे एक जने के पकड के पुलीस के जिम्मा लगवले बा ।
करैयामाई गाँवपालिका वार्ड नम्बर ८ के नक्कली लेटर प्याड, स्टाम्प तथा वार्ड अध्यक्ष दिनेश चौधरी के हस्ताक्षर किर्ते कईला से पुलीस के जिम्मा लगावल गईल बा । पकडाएवाला मे रौतहट जिल्ला के साविक मलाही गाँव बिकास समिति वार्ड नम्बर ४ रहेवाला नवल किशोर सहनी रहल पुलीस जनवले बा ।
आर्थिक बरीस ०७९÷०८० के मिति २०७९ फागुन १८ गते के चलानी नम्बर १२१७ भईल लेटर प्याड मे स्टाम्प आ वार्ड अध्यक्ष चौधरी के हस्ताक्षर सहनी खुदे किर्ते करके घर बाटो प्रमाणित के सिफारिस हासिल कईल आरोप रहल बा । पकडाईल सहनी के आउर अनुसन्धान के खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय कलैया बारा मे राखल पुलीस स्रोत जनवले बा ।





