जलश्रोत तथा सिंचाइ विकास डिभिजन बारा प्रमुख खंग कमिशन के चक्कर मे नियम विपरित योजना सञ्चालन करा रहल

प्रभु यादव
बारा १८ सावन
जलश्रोत तथा सिंचाइ विकास डिभिजन कार्यालय बारा के प्रमुख राम कुमार खंग नियम विपरित योजना सञ्चालन करारहल रहस्य खुलल बा ।
जलस्रोत तथा सिचाई बिकास डिभिजन कार्यालय बारा के आर्थिक वरीस २०७९÷०८० के बजेट से कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं. १५ खम्वा मे एक करोड ४० लाख के दु गो योजना बना के पसाहा खोला नियन्त्रण मे ४० लाख आ एक करोड के योजना सम्पन्न ना करके भुक्तानी कईल बात बाहर आईल बा ।
४० लाख के विश्वनाथ प्रसाद यादव आ करिब एक करोड के ज्याउल मियाँ अंसारी के अध्यक्षता मे गठित उपभोक्ता समिति नदी मे बैंक (बान्ध) बनावल प्रमुख खंग जनकारी करावले बानी । अभि नदि मे पानी आई तब बनावल बैंक के क्षति करी जवना के करिब ३५ लाख के रकम आवेवाला आव २०८०÷०८१ मे सम्झौता कर के स्टीमेट बना के सम्झौता कराके भुक्तानी करे के व्यहारीक सम्झौतालमे काम कईल जारहल खंग बतावले बानी ।
नियम से काम करे नामिलि माकिर व्यवहार मे काम करेके परल जवना से कलैया १५ खम्वा आ जमुनि सिचाइ निमार्ण योजना के काम करिब ४० लाख के रकम के होरहल प्रमुख खंग बतावले बानी । आवेवाला बरिस के काम अभि विना सम्झौता के करेला प्रमुख जिल्ला अधिकारी से जनकारी कराकर के कररहल बानी प्रमुख खंग बतावले बानी ।
एक करोड रोपेया के अख्तियारी २०८० असाढ के ११ गते आईल ओकरा के १३ दिन मे सभी काम पूरा कर के भुक्तानी कईल बतवले बानी । योजना के सम्बन्ध मे खंग से नियम संगत काम सम्पन्न भईल बा कहके पुछला पर सभे समय नियम ना देखल जाला काम करेके परल प्रमुख खंग बतावले बाानी । स्थलगत अनुगमन कईला पर डिभिजन कार्यालय बारा के पसाहा नदि मे काम भईल योजना अन्तरगत काम होरहल देखल गईल बा ।
दुनु योजना के काम ज्याउल मिया अंसारी कईल स्थानिय लोग के कहनाम रहल बा । काम करेला बनावल गईल स्टिमेट आ अनुगमन कर के मुल्यांकन कईल प्रतिवेदन मागला पर प्रमुख खंग पाँच दिन वाद मे उपलब्ध होई कहके जनकारी करावले बानी । ईन्जिनियर पंकज महतो से जनकारी लेहला पर मधेश प्रदेश के मुख्यमन्त्री सरोज यादव के गाँव मे होरहल काम के काहे केहु ना खोजत बा खम्वा के काम के मात्र खोजल जाता कहके गैरजिम्मेवारीपूर्ण प्रतिप्रश्न कईले रहलन ।
महतो से स्टिमेट आ मुल्यांकन प्रतिवेदन मगला पर सभे कागजात लेखा मे बा लेखापाल अईला पर देहल जाई बतावले बानी । अभि होरहल काम बाँस के चचरा लगा के बोरा मे राख के कईल काम गाँव के लोग के निहोरा कईला पर बिना सम्झौता आ स्टिमेट के कईल जारहल इन्जिनियर पंकज बतावले बानी ।
योजना के उपभोक्ता समिति अध्यक्ष एवम् ठेकेदार ज्याउल मिया अँसारी से जनकारी लेहला पर आपन काम के ८७ लाख के भुक्तानी लेहले बानी अभि के काम के १२ लाख करेवाला नयाँ योजना कर रहल जनकारी करावले बानी । बजेट आ नितिनियम के जनकार लोग ना होखेवाला काम कईल नियम के अनियमित्ता कईल बतावले बानी ।





