अर्थतन्त्र चलायमान बनावे खातिर पुँजीगत खर्च बढावल जाई : अर्थमन्त्री महत

वीरगंज १९ सावन
अर्थमन्त्री डा प्रकाशशरण महत अर्थतन्त्र आउर चलायमान बनावे खातिर पुँजीगत खर्च बढावेवाला किसिम से सरकार काम कर रहल बतवले बानी ।
नेपाल प्रेस युनियन पर्सा से आजु वीरगंज मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे अर्थमन्त्री डा महत वितल समय मे पुँजीगत खर्च कम भईला पर आर्थिक वृद्धिदर कम भईल बतवनी । वितल समय मे अर्थतन्त्र मे देखल गईल समस्या धिरे धिरे समाधान होत गईल कहत उ पिछिलका समय विदेशी मुद्रा सञ्चिति के अवस्था मे सुधार आईल उल्लेख कईनी ।
उ उच्च ब्याजदर के चलते कर्जा प्रवाह मे देखल गईल समस्या समाधान मे सरकार लागल उनकर कहनाम बा ।
उ राजस्व सङ्कलन करेवाला निकाय के कर्मचारी से करेवाला दुरुपयोग, गलती, उदासिनता आ निष्क्रियता मान्य ना होखेके कहत पारदर्शिता, राजस्व वृद्धि मे ध्यान निर्देशन देहल गईल जानकारी देहनी । मन्त्री महत वर्तमान सरकार के मुख्य लक्ष्य के सुशासन, सेवा प्रवाह मे प्रभाविकारिता के प्रत्याभूति आ विकास निर्माण के गति देवेके रहल बतवनी ।
उ अवसर मे दु दशक से बन्द रहल वीरगंज चिनी कारखाना लगायत के रुग्ण उद्योग फेनु सञ्चालन के विषय मे सरकार सम्भाव्यता अध्ययन कर रहल जानकारी देहनी ।
अर्थमन्त्री महत वीरगंज स्थित कृषि औजार कारखाना मर्मतसम्भार करके फेनु सञ्चालन मे लियावे खातिर अर्थमन्त्रालय राष्ट्रिय आविष्कार केन्द्र के तत्काल के खातिर रु एक करोड बजेट उपलब्ध करावल भी जानकारी देहनी । उ सरकार सँगे के सम्झौता मुताविक केन्द्र के रु २५ करोड देवेके उल्लेख भईल आ उ मेसे अभी के खातिर रु एक करोड अर्थमन्त्रालय से निकासा भइल बतवनी ।
नेपाल प्रेस युनियन पर्सा के अध्यक्ष विजय चौहान के सभापतित्व मे भईल पत्रकार सम्मेलन मे नेपाली कांग्रेस के केन्द्रिय सदस्य एवं सांसद् अजय चौरसिया, कांग्रेस पर्सा के सभापति एंव प्रदेशसभा सदस्य जनार्दन सिंह क्षेत्री, कांग्रेस पर्सा के उपसभापति रामनारायण कुर्मी, वीरगंज महानगरपालिका के उपमेयर इम्तियाज आलम, कांग्रेस नेतालोग राकेश सिंह, प्रकाश उपाध्याय, नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रिय सचिव दिपेन्द्र चौहान लगायत के सहभागिता रहल रहे ।
एहितरे वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ आपन सभाकक्ष मे आयोजना कईल बतकही कार्जक्रम मे अर्थमन्त्री डा. महत देश के अर्थतन्त्र सुधारोन्मुख रहल बतवले बानी ।
उ मौद्रिक नीति आ वित्त नीति के संयुक्त प्रभाव आर्थिक वृद्धि मे पारेवाला भईला से उहे मुताविक आर्थिक प्रणाली सुधार के खातिर सरकार अगाडि बढल बतवनी । उ मौद्रिक नीति से सोचल जईसन ब्याजदर ना घटला से घटल जरुरी रहल कहत एकरा से बैंकिङ्ग सिस्टमसब भी रेस्पोन्स कईल जरुरी रहल बतवनी । चालूपूंजी के हक मे दोसर निर्देशिका आवेके जानकारी देत राष्ट्र बैंक उद्योग व्यावसाय के समस्या के मध्यनजर करके निर्देशिका आवेके पडि कहल डा. महत बतवनी ।
वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के अध्यक्ष अनिल कुमार अग्रवाल के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे अर्थ सचिव अर्जुन पोखरेल, नेपाल उद्योग वाणिज्य महासंघ के केन्द्रिय सदस्य डा. सुवोध गुप्ता, संघ के बरिष्ठ उपाध्यक्ष हरि गौतम, वीरगंज कलेज के अध्यक्ष डा. दीपेन्द्र कुमार चौधरी लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहलन ।






