इजाजत–पत्र बिना डाक्टर बनल दु भारतीय सहित तीन जने पकडईलें

इजाजत–पत्र बिना डाक्टर बनल दु भारतीय सहित तीन जने पकडईलें

रौतहट १४ फागुन

यमुनामाई गाँवपालिका–१ स्थित सुकदेव चौक मे रहल सगरमाथा तराई हस्पिटल प्रालि मे कार्यरत दु भारतीय सहित तीन जने के पुलीस पकडले बा । स्थानीयबासी ईलाज करेके इजाजत बिना हि अस्पताल मे कार्यरत रहल मिलला के बाद पुलीस के खबर कईले रहलन । फागुन १ गते उलोग के पकड के पुलीस सोमार के दिने सार्वजनिक कईले बा ।

पुलीस भारत के बिहार राज्य पुर्वी चम्पारण थाना ढाका–१४ खैरवा के ४५ बरीस के हसिन अख्तर, सिकारगंज–३ वटोआ के २७ बरीस के मोहम्मद तबरेज आलम आ यमुनामाई गाँवपालिका–२ भेडियाही टोल के २७ बरीस के कलाम मन्सुरी के पकडले बा ।

जिल्ला प्रहरी प्रमुख एसपी महेन्द्र श्रेष्ठ उलोग फागुन १ गते हि पकडला पर भी कुछ दिन अनुसन्धान के खातिर समय लागला पर सार्वजनिक करेमे देरी भईल बतवनी । उलोग के मुलुकी अपराध संहिता अन्तर्गत ईलाज सम्बन्धी कसूर मे मुद्दा दर्ता करके जिल्ला अदालत से म्याद थपके अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा ।

उलोग अस्पताल मे तोकल शैक्षिक योग्यता प्राप्त ना करके बिना अनुमतिपत्र मरेजी के एपेन्डिस, पायल्स, युट्रेस लगायत के अप्रेशन करत आईल पुलीस जनवले बा । उलोग के पुलीस अस्पताल से पकडले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।