लईकी के फुन मे कहुँचावल कहत युवक के मारके मुवईलें

वीरगंज २४ सावन
पर्सा मे एक किशोरी के फुन मे कहुँचावल विषय के लेके भईल मारामारी मे घायल भईल युवक के मृत्यु भईल बा ।
मृत्यु होखेवाला मे पर्सा के पर्सागढी नगरपालिका–४ बर्वाटोल के २८ बरीस के जुमदिन अन्सारी रहल बाडन । पुलीस के मुताविक भारत के केरला मे रहेवाला अतुल्लाह अन्सारी के बहिन के मृतक जुमदिन के भाई फुन करके कहुँचावल विषय के लेके बितल सावन २० गते रात ९ः३० बजे ओरी जुमदिन पक्ष आ अतुल्लाह पक्षबीच झगडा भईल रहे । झगडा के समय मे अतुल्लाह सहित के दु जने लकडी के चिर्पट से प्रहार कईला पर जुमदिन गम्भीर घायल भईल रहलन ।
घायल जुमदिन के बारास्थित एलएस न्युरो अस्पताल मे ईलाज के समय मे बुध के सबेरे ५ः१५ बजे मृत्यु भईल पुलीस जनवले बा ।
घटना मे संलग्न रहल आरोप मे पुलीस अतुल्लाह सहित दु जने के पकडले बा । पकडाएवाला मे पर्सागढी नगरपालिका–४ के २४ बरीस के अतुल्लाह अन्सारी आ ४५ बरीस के बच्चाबाबु अन्सारी कहेवाला वकिल अन्सारी रहल पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक दीपक गिरी जानकारी देहनी ।






