तस्करी करके लियावल ४ लाख ५० हजार के भारतीय चकलेट पकडाईल

वीरगंज २४ सावन

भारत से तस्करी करके लियावल बहुते परिमाण मे चक्लेटसब वीरगंज से पुलीस पकडले बा ।

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ७ कुम्हालटोल स्थित एक गोदाम मे राख रहल करिब साढे चार लाख रोपेया बराबर के ७४ कार्टुन चक्लेट बरामद कईल पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक दिपक गिरी जानकारी देहनी ।

गोप्य सुचना के आधार मे बुध के दिने जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा से खटल पुलीस टोली कुम्हालटोलस्थित एक घर मे कोठरी भाडा मे लेके अनाधिकृतरूप मे भण्डारण कईल चार लाख ४९ हजार ४० रोपेया के अनेकन ब्राण्ड के ७४ कार्टुन चक्लेट बरामद कईल गिरी बतवनी ।

बरामद चक्लेट आउर अनुसन्धान तथा कारबाही के खातिर बुध के दिने हि वीरगंज भन्सार कार्यालय मे बुझावल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।