वीरगंज मे खानेपानी के समस्या

वीरगंज २५ सावन
वीरगंज मे पिछिलका चार महिना मे एक हजार चार सय परिवार के खानेपानी के धारा वितरण कईल बा । खानेपानी के समस्या हो रहल समय एक हजार चार सय परिवार खानेपानी के धारा जडान करावल इहाँ स्थित खानेपानी संस्थान जनवले बा ।
वीरगंज महानगरपालिका के अनेकन वार्ड मे वैशाख मे ४१, जेठ मे एक सय ५७, असाढ मे दु सय दु आ सावन के २४ गते तक एक हजार ग्राहक के घरमा धारा जडान कर्ईल खानेपानी संस्थान वीरगंज के प्रमुख इन्जिनियर निरन महर्जन जानकारी देहनी । उनका मुताविक महानगर खानेपानी के महसुल तिरेवाला किसिम से अनेकन वार्ड मे एक सय ५० सामुदायिक धारा जडान कईल बा ।
लम्हर समय से वर्षात ना भईला से वीरगंज के अनेकन जगहा मे बितल वैशाख से खानेपानी के समस्या क्रमशः बढत गईला के बाद धारा जडान करावेवाला के सङ्ख्या भी बढत गईल प्रमुख महर्जन बतवनी । उनका मुताविक अभी दैनिक ५०÷६० जने धारा जडान के खातिर निवेदन लेके कार्यालय आवत बाडन । चापाकल, कुवालगायत के खानेपानी के मुहान सुखे लागला के बाद धारा जडान करावेके समय बढल उनकर कहनाम रहे ।
प्रमुख महर्जन के मुताविक संस्थान अभी दैनिक १०÷१२ घण्टा तक पानी पठा रहल बा । “पहिले चापाकल से पानी आवत रहे, उ समय खानेपानी के धारा लेवेमे स्थानीय खासै रुचि ना देखवलन”, कहत उ, “अभी चापाकल, कुवा लगायत के खानेपानी के स्रोत सुखे लागला के बाद धारा लेवे आवेवाला के सङ्ख्या बढल बा ।”
आठ हजार एक सय ग्राहक नियमित खानेपानी उपभोग करत आईल संस्थान जनवले बा । दैनिक ६०÷६५ लाख लिटर खानेपानी उत्पादन करके महानगर भितर वितरण करत आईल बतावत महर्जन संस्थान से बीस हजार घरधुरी के खानेपानी वितरण करेके क्षमता रहल जानकारी देहनी ।
महानगर क्षेत्र भितर देखल गईल खानेपानी के समस्या के मध्यनजर करके अनेकन वार्ड मे एक सय ५० सामुदायिक धारा जडान कईल उनकर कहनाम रहे । हरेक वार्ड मे सार्वजनिक धारा जडान करेके योजना मुताविक धिरे धिरे धारा थप करत लेजाएके उ बतवनी ।
“हरेक वार्ड मे सार्वजनिक धारा जडान के खातिर खानेपानी संस्थान आ महानगरबीच सम्झौता भईल बा”, प्रमुख महर्जन कहनी, “सम्झौता मुताविक वार्ड वार्ड मे धारा जडान कईला पर लागेवाला खर्च तथा महसुल भुक्तानी महानगर करी ।” उनका मुताविक अनेकन जगहा मे उपभोक्ता समिति गठन के प्रक्रिया अगाडि बढल बा ।
चार महिना से खानेपानी के समस्या भोगत आईल स्थानीय के महानगर टोलटोल मे अस्थायी ट्र्याङ्कीमार्फत खानेपानी वितरण कर रहल महानगर के प्रमुख राजेशमान सिंह बतवनी । उनका मुताविक ट्र्याङ्की पुगावे ना सकला जगहा मे ट्र्याङ्कर से पानी वितरण कर रहल बा ।
ट्र्याङ्कर से अभी तक १९ वार्ड मे दैनिक पानी उपलब्ध करारहल बतावत नगरप्रमुख सिंह सात वार्ड मे अस्थायी ट्र्याङ्की राखल जानकारी देहनी । उनका मुताविक खानेपानी संस्थान के पाइपलाइन विस्तार भईल सार्वजनिक जगहा मे खानेपानी के धारा राखेके काम के भी महानगर तेजी देहले बा ।
खानेपानी के पाइपलाइन वार्ड नं १ से १७ आ १९ मे विस्तार भईला से उ वार्ड के सार्वजनिक जगहा मे धारा राखेके काम हो रहल महानगर प्रमुख सिंह के कहनाम रहे । बढल गर्मी के चलते जलस्तर निचे गिरला के बाद वीरगंज के अनेकन वार्ड के चापाकल सुखके पानी के हाहाकार भईल बा । तत्काल प्राकृतिकरूप मे जलस्तर मे सुधार आवेके सम्भावना कम देखल गईला से महानगर ट्र्याङ्कीमार्फत अस्थायीरूप मे खानेपानी वितरण कर रहल बा ।






