वर्ड लिङ्क नेट ग्रहक के ठग रहल

प्रभु यादव
बारा २५ सावन
बारा जिल्ला मे वर्ड लिङ्क नेट कम्पनी ग्रहक सब के ठगी कर रहल जनावल गईल बा । कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर २ के सरोज साह नेट लगावला ६ महिना भईल १०० एमबिपिएस पावर के रोपेया तिरत आईल बानी माकिर बढिया से ना चल रहल सिकायत कईले बानी ।
महिना अन्तिम होखेला तब काठमाण्डु हेड अफिस से फोन कर के पईसा भरावेला दिन्हु तगादा करेला सर्विस के सम्बन्ध मे कहला पर सिकायत लिख देहले बानी मिस्त्री जाई बनादी जफाफ देवेला मिठ मिठ बात करेला पईसा बुझा देवेनी माकिर केहु ना आवेला साह बतावले बानी ।
सहज आ सही सेवा देवे के कहके सभे ग्रहक के काम कईले बा वर्ड लिङ्क जवना के कारण लाईन छोडा देहले बानी आपन धरौटी रहल बा मिलि कि ना मिलि साह सिकायत कईले बानी । कलैया २७ रामपुर के मोजामिल हुसेन अंसारी वर्ड लिङ्क के कलैया शाखा मे पुग के आपन वाईफाई जोडला चार महिना से सहि ना चल रहल बा बतावले बानी । फोन के माध्यम से सिकायत लिखवला पर कवनो किसिम के वस्ता ना कईले मिया बतावले बानी । वर्ड लिङ्क के शाखा कार्यालय कलैया के सुचना अधिकृतफराजाबाबु पटेल फोन से लिखावल सिकयत के सुनवाई होखेला माकिर हमनी के जगह आवेला ओकरा के समस्या समाधान कईल जाला बतावले बानी । दिनहु पाच छव जने आवल करेनी पटेल जनकारी करावले बानी । प्रति दिन केतना लोग समस्या लेकर के आवेला लोग तब पटेल कहनी कि कम्पनी के आपन नियम होखेला जवना के चलते जनकारी ना देवे के मिली जवाफ मिया देहले बानी ।




