भागरथी हत्या आरोपित दिनेश के पाँच दिन हिरासत मे राखेके अनुमति

काठमाण्डु ५ फागुन
बैतडी के दोगडाकेदार गाँवपालिका–७ मे १७ बरीस के भागरथी भट्ट के बलात्कार के बाद हत्या मे संलग्न दिनेश भट्ट के पुलीस सार्वजनिक कईले बा ।
भागरथी पढेवाला सनातन माध्यमिक विद्यालय के किलास ११ मे पढेवाला भट्ट के प्रकरण मे संलग्नता पुष्टि भईला के बाद उनका के पुलीस सार्वजनिक कईले बा ।
सुदूरपश्चिम प्रदेश प्रहरी प्रमुख उत्तमराज सुवेदी जिल्ला प्रहरी कार्यालय, बैतडी मे आयोजित पत्रकार सम्मेलन मे मिलल प्राविधिक प्रमाण, प्रत्यक्षदर्शी, साबिती बयान लगायत के आधार मे भट्ट के पकडल गईल बतवनी ।
भट्ट पुलीस सँगे देहल बयान मे प्रतिसोध सधावे खातिर भागरथी के हत्या कईल बतवले बाडन । भागरथी के बाबु आपन फूपू के दुर्व्यवहार कईला से उनकर हत्या कईल भट्ट से बतावल पुलीस जनवले बा ।
घटना के बाद उ भागरथी के न्याय मागत भईल प्रदर्शन मे सहभागी भईल रहलन । माकिर, उनकर व्यवहार परिवर्तन भईल लगेके चिन्हेवालालोग बतावल पुलीस जनवले बा ।
घटनास्थल के त्रुटिरहित तरिका से प्रमाण संकलन कईल प्रयोगशाला मे भी कुछ प्रमाण पठावल गईल सुवेदी बतवनी । उनका विरुद्ध ज्यान मुद्दा मे म्याद थप करके विस्तृत अनुसन्धान होखेके सुवेदी बतवनी । भट्टविरुद्ध भागरथी के दाइ से किटानी जाहेरी भी देहल उ बतवनी ।
प्रकरण के सफल अनुसन्धान कईल कहत स्थानीयवासी डीआईजी सुवेदी लगायत के अधिकृतलोग के फूलमाला पहिना के सम्मान भी कईले बाडन । २१ माघ मे सनातन माध्यमिक विद्यालय मे पढे गईल भट्ट सँझियातक घर ना अईला के बाद परिवार से खोजी सुरु कईले रहलन, बिहान भईला दुपहरिया उनकर लास सडक से ५० मिटर निचे झाडी मे मिलल रहे ।
दार्चुला से बैतडी जाएवाला रास्ता से भितरी सडक होत भट्ट के घर जाएवाला रास्ता मे पडेवाला लवलेक सामुदायिक वन मे उनकर लास मिलल रहे ।
पोष्टमार्टम रिपोर्ट से भट्ट के मुडि आ हाथ मे चोट लागल देखल गईल रहे आ घेंट दाबला के चलते मृत्यु भईल कहले रहे । घटना के बाद पुलीस धनगढीस्थित कुकुर शाखा से ट्याकर डग मँगवले रहे, जेकरा से अभियुक्त खोचलेक बजार ओरी गईल संकेत कईले रहे ।
एहतिरे बैतडी के १७ बरीस के किशोरी भागरथी भट्ट के हत्या आरोप मे पकडाईल दिनेश भट्ट के पाँच दिन हिरासत मे राख के अनुसन्धान करे खातिर जिल्ला अदालत बैतडी पुलीस के अनुमति देहले बा ।
दिनेश विरुद्ध जबरजस्ती करणी आ ज्यानमुद्दा मे अनुसन्धान के खातिर हिरासत मे राख के अनुसन्धान करे खातिर अदालत पाँच दिन के म्याद देहल सुदूरपश्चिम प्रदेश प्रहरी प्रमुख उत्तमराज सुवेदी बतवनी ।
भागरथी भट्ट के हत्या प्रकरण मे उनकर संलग्नता पुष्टि भईल कहत पुलीस बुध के दिने हि दिनेश के सार्वजनिक कईले रहे ।






