अवैध कपडा सहित बस के डाईबर आ खलासी पकडईलें

रौतहट २८ सावन,l
रौतहट मे भन्सार राजस्व छली राजधानी लगायत सहर मे कपडा तस्करी करे लागल कहत बस सहित चालक आ सहचालक के सशस्त्र प्रहरी बल नियन्त्रण मे लेहले बा ।
सशस्त्र पुलीस शनिचर के रात बस मे लुकाके राखल २१ लाख से बेसी के भन्सार ना तिर के लियावल कपडा सहित चालक आ सहचालक के पकडले बा ।
सशस्त्र पुलीस धादिङ के बस चालक राजकुमार लामा आ रौतहट के बृन्दावन नगरपालिका–७ के सहचालक मिराज अन्सारी के पकडले बा ।
जिल्ला के यमुनामाई गाँवपालिका–५ ईद्रिस गेट मे सवारी जाँच करेके समय मे गौर से काठमाण्डु जा रहल ना ४ ख ५१४४ नम्बर के शान्ती डिलक्स रात्रि बस के यात्रु बईठेवाला सिट उपर के लाईट कम्पाटमेन्ट मे लुकाके राखल २१ लाख ६४ हजार के अवैध कपडा बरामद कईल सशस्त्र प्रहरी नेपाल नम्बर ११ गण के प्रमुख एसपी माधव रेग्मी जानकारी देहनी ।
‘काठमाण्डु जाए लागल बस मे अवैध कपडा तस्करी होखे लागल कहके विशेष सूचना मिलला के बाद हमनी के टोली सँझिया से तैनाथ रहे,’ कहत उ, ‘भारत से भन्सार राजस्व ना तिर के लियावल कपडासब राजधानी लेजाए लागल बा ।
हमनी चालक, सहचालक के नियन्त्रण मे लेके कारबाही के खातिर गौर भन्सार कार्यालय बुझावल गईल बा ।’
बस खानतलासी कईला पर कहुँ ना मिलला के बाद शंका लागके बस के सिट उपर के नट खोलके देखला पर फल्स बटम मे ३३२ थान कुर्था, सुरुवाल के कपडा बरामद कईल एसपी रेग्मी बतवनी ।






