युवालोग सामूहिक हनुमान चालिसा पाठ पढलें

युवालोग सामूहिक हनुमान चालिसा पाठ पढलें

वीरगंज १६ माघ

बारा के परवानीपुर गाँवपालिका वार्ड नं ५ बहुअरी टोल स्थित बाईपास रोड मे रहल श्री हनुमान मन्दिर मे युवालोग मंगर के दिने सामूहिक हनुमान चालिसा पाठ पढले बाडन ।

बहुअरी टोल के अकलेश पटेल के अध्यक्षता मे भईल हनुमान चालिसा पाठ पढेवाला मे अकलेश पटेल, मन्दिप यादव, जितेन्द्र पटेल, विन्देश्वर पटेल, रोहित यादव, करण पासवान, अजीत राम, अमित पासवान, आनन्द पटेल लगायत रहल बाडन ।

वितल समय के कुछ महिना मे बारा आ पर्सा लगायत के जिल्लासब मे युवालोग सामूहिक पूजा पाठ मे विशेष ध्यान देरहला से हमनी युवालोग भी आजु से हरेक मंगर के दिने हनुमान मन्दिर मे हनुमान चालिसा पाठ पढेके निर्णय कईल टिम के सदस्य रोहित यादव बतवनी ।

पूजापाठ कईला के साथे मन्दिर मे युवालोग सरसफाई भी कईले रहलन । “हमनी आपन धर्म संस्कृति के संरक्षण करेके आ सामाजिक परम्परा के जोगावे खातिर हमनी युवालोग आजु से हनुमान चालिसा पाठ शुरु कईल टिम के अध्यक्ष अक्लेश पटेल बतवनी ।”

साथे आवेवाला दिन मे मन्दिर के सरसफाई कईला के साथे एकर संरक्षण मे भी विशेष ध्यान देवेके युवालोग बतवले बाडन । पिछिलका समय मे अनेकन मठमन्दिरसब मे युवालोग के पूजापाठ करेके सक्रियता बढल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।