नेपाल प्रहरीद्वारा खुनदान आ वृक्षारोपन करके प्रहरी श्रीमति संघ ३९ वाँ वार्षिकोत्सव मनवलख

मेवालाल यादव
रौतहट २८ सावन
रौतहट प्रहरी कार्यालय खुनदान कार्जक्रम तथा वृक्ष रोपन कार्जक्रम के आयोजना करके नेपाल प्रहरी श्रीमति संघ के ३९ वाँ वार्षिक उत्सव मनवले बा ।
एतवार के दिने जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट नवनिर्मित भवन के सभाहल मे भईल कार्जक्रम मे ८० जने खुनदान कईले बाडन ।
जउना मे नेपाल प्रहरी, ट्राफिक प्रहरी, गौर नगरपालिका के नगरप्रहरी लगायत के लोग खुनदान कईले रहलन ।
नेपाल प्रहरी श्रीमति संघ केन्द्र कार्यालय के निर्देशन मुताविक अनेकन कार्जक्रम के आयोजना करके ३९ वाँ वार्षिकोत्सव मनावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के प्रमुख, प्रहरी उपरिक्षक बीरबहादुर बुढामगर बतवनी ।
आरडिसि नेपाल रौतहट, नेपाल रेडक्रस सोसाइटी रौतहट आ न्यू उज्यालो युवा क्लब रौतहट के सहजोग मे भईल कार्जक्रम मे प्रहरी नायब उपरिक्षक उमाशंकर प्रसाद यादव खुनदान महादान भईल बतवनी ।
स्वस्थ्य के खातिर भी खुनदान उपयोगी भईल बतावत आम जनसमुदाय के भी सकेभर खुनदान करे खातिर निहोरा कईले रहनी ।
एहितरे बियफे के दिने रौतहट पुलीस वृक्षा रोपन कार्जक्रम कईले रहे । कार्जक्रम मे प्रहरी उपरीक्षक बिरबहादुर बुढामगर, प्रहरी निरीक्षक बिन्देश्वर यादव, लेखा प्रमुख नेत्र काफ्ले, प्रहरी निरिक्षक दिनेश बहादुर कुवँर, आरडिसि नेपाल रौतहट के अध्यक्ष पारस हुसैन, कोषाअध्यक्ष ममता झा, नेता राजकिशोर यादव लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






