हिन्दूवादी संघ संगठन वीरगंज मे जरवलें कान्तिपुर पत्रिका

वीरगंज ३० सावन
हिन्दू धर्म उपर के आस्था आ विश्वास उपर प्रहार करेवाला समाचार लिखल कहत कुछ आदमीसब के समुह बाइपास सडक मे मंगर के दिने कान्तिपुर दैनिक पत्रिका जरवले बाडन ।
व्यापारिक घराना चौधरी समूह भारत के मध्य प्रदेशस्थित बागेश्वर धाम के संस्थापक आचार्य धीरेन्द्रकृष्ण शास्त्री के पूर्वी नवलपरासीस्थित शाश्वत धाम मे प्रवचन के खातिर लियावेके तइयारी कर रहल समय कान्तिपुर पत्रिका सावन २८ गते के दिन ‘अतिवादी धर्मगुरुलाई चौधरी ग्रुपले नेपाल ल्याउँदै’ कहके शीर्षक मे समाचार प्रकाशन कईले रहे ।
उहे समाचार के विरोध मे हिन्दूवादी संघ संगठनसब पत्रिका जरावत ‘हिन्दु विरोधी कान्तिपुर मुर्दावाद’ के नारा भी लगवले रहलन । पत्रिका जरावल विषय मे पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक कोमल शाह अज्ञात समूह पत्रिका जरईला से उलोग के खोजी हो रहल बतवनी ।
समाचार उपर चित्त ना बुझला पर कानुनी व्यवस्था आ प्रक्रिया भईला पर भी पत्रिका जरावल अनुचित काम भईल पत्रकार महासंघ पर्सा के अध्यक्ष अनुपत तिवारी प्रतिक्रिया देहले बानी ।





