वीरगंज–१५ भिस्वा मे रहल नवदिप एकेडमी के चलते गारजियनलोग मे आतंक मचल

वीरगंज ३१ सावन
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १५ मे रहल नवदिप एकेडेमी के चलते गारजियनलोग मे आतंक मचल बा ।
चालु महिना के बिल उहे महिना के पहिलका आ दुसरका हप्ता मे पठाके पईसा तिरे खातिर स्कूल गारजियनलोग के मोबाईल मे फुन करके बारम्बार तनाव देवेके काम भईल गारजियनलोग सिकाईत कईले बाडन ।
बारा जिल्ला प्रसौनी गाँवपालिका–३ नौतन रहेवाला सदाम हुसैन के दु गो बेटा नवदिप एकेडमी मे पढेलन । उनका के सावन महिना के १४ गते “UP to shrawan” के १४ हजार ९ सय के बिल विद्यार्थी मार्फत गारजियन के पठवले रहलन । उ बिल देखके गारजियन सदाम स्कूल मे पुग के प्रिन्सिपल सुशिला साह से बुझला पर पुराना आ सावन महिना के बिल अभी हि तिरेके पडि कहके दबाव देहले रहनी । बिल के पईसा ना बुझईला पर आपन बच्चा के ई स्कूल से निकाल के दोसर जगहा लेजाएके कहला के बाद बाध्य होके गारजियन सदाम उहे दिन ८ हजार रोपेया बुझवलें ।
सदाम एक उदाहरण पात्र मात्र हउवन, उनका जईसन बहुते गारजियनलोग के अईसे हि मानसिक तनाव देरहल सिकाईत बढल बा । एतने मात्र ना, गारजियनलोग कउनो कारणवस समय मे स्कूल के पईसा तिरे ना सकला पर विद्यार्थीसब के बेन्च मे खडा करेके, स्कूल के गेट मे घण्टो समय तक खडा करेके जईसन असमाजिक क्रियाकलाप भी करत आईल सदाम ई अनलाईन से बतवले बानी ।
उ विषय के लेके स्कूल के प्रिन्सिपल साह से सिकाईत कईला पर साह उल्टे गारजियन के अपशब्द प्रयोग करेके, वादविवाद करेके, धम्कावेके जईसन गतिविधि करत आईल बतावल गईल बा ।
स्कूल आपन कमिशन के खातिर स्कूल ड्रेस, किताब तोकल दोकान से हि किनेके बाध्यात्मक अवस्था सृजना कईले बा । ८०–१०० रोपेया परेवाला विद्यार्थी परिचयपत्र के रु. २०० तिरवाके गारजियन के मारेवाला काम कर रहल बा ।
उ विषय मे स्कूल के प्रिन्सिपल साह से फुन सम्पर्क करके बुझला पर उ पुरानो पईसा आ सावन महिना के पईसा जोडके स्टिीमेट बिल पठावल बतवनी । गारजियन के सावन महिना के पईसा तिरे खातिर दबाव ना देहल प्रतिक्रिया देहनी । माकिर बिल देखला पर पुराना बाकी पईसा कहुँ उल्लेखन ना भईल देखल गईल बा । ई सन्दर्भ मे वीरगंज महानगरपालिका शिक्षा महाशाखा प्रमुख अरबिन्दलाल कर्ण से फुन करके प्रतिक्रिया लेवेके खोजला पर उनकर मोबाईल फुन स्विच अफ रहल बा ।
अभिभावक संघ वीरगंज, पर्सा के अध्यक्ष संदिप साह से फुन सम्पर्क करके प्रतिक्रिया लेवेके खोजला पर उ आउर स्कूलसब भी अईसन गलत काम कर रहल बतावत महिना बितला के बाद मात्र बिल पठावेके, विद्यार्थीलोग के कउनो किसिम के तनाव ना देवेके चाहिं कहके बतवनी । उ विषय के लेके हमनीसब बारम्बाबर सम्बन्धित निकाय मे पुग के ज्ञापनपत्र बुझाके बिरोध कईला पर भी नियमनकारी निकाय खासे वास्ता ना कईल सिर्काइत कईनी । अईसन गतिविधि करेवाला स्कूलसब उपर कडा से कडा कारवाही के माग भी कईनी ।






