वीरगंज से लागुऔषध सहित दु जने पकडईलें

वीरगंज २९ फागुन
वीरगंज से पुलीस अवैध लागुऔषध सहित दु जने के पकडले बा ।
जिल्ला दोलखा झुले गाँवपालिका– २ घर भईल चितवन टाँडी नगरपालिका– २ रहेवाला २० बरीस के सुरज कार्की आ मकवानपुर हटौडा उपमहानगरपालिका– ३ रहेवाला ३५ बरीस के विकाश लामा पकडाईल बाडन ।
वीरगंज महानगरपालिका–२१ परवानीपुर चोकस्थित सडक मे वीरगंज से पथलैया ओरी जा रहल बस मे चेकजाँच कईले रहे । बस मे सवार सुरज कार्की लागु पदार्थ सेवन करके मस्त भईल अवस्था मे रहलन ।
देह चकेजाँच कईला पर ज्याकेट के जेभी से नाइट्रोभेट ट्याबलेट ५ पत्ता अर्थात ७५ पिस मिलल पुलीस जनवले बा ।
एहितरे वीरगंज– १६ इनर्वा भन्सार मुख्य गेट मे सशस्त्र प्रहरी बल, नेपाल बोर्डर आउट पोष्ट वीरगंज के टोली नियमित सवारी चेकजाँच करत रहे ।
भारत से नेपाल ओरी आ रहल ना४४प २६५७ नं.के स्कुटी चेकजाँच कईला पर चालक विकास लामा के साथ से लागु औषध मिलल रहे ।
स्कुटी के अगाडि ओरी खाली भाग मे राखल उजर बोरा भितर तथा कमब्याट झोला से बरामद लागुऔषध विनसिरेक्स १ सय एमएल के २४५ बोतल आ नाइट्रोभेट ट्याबलेट ५ पत्ता अर्थात ७५ पिस बरामद कईले रहे ।
दुनु जने के लागुऔषधसम्बन्धी कसुर मुद्दा मे पर्सा जिल्ला अदालत से ७ दिन के म्याद अनुमति लेके अनुसन्धान सुरु कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।






