ठोरी मे सर्पदंश ईलाज केन्द्र : ४ बरीस मे बँचल ५ सय १२ के ज्यान

वीरगंज ०२ भादो

तराई के गर्मी होखो भा डुबान, दुनु समय साँप के डर बहुते रहेला । सावधानी अपनईला पर भी सर्पदंश के चपेट मे पर जाईल जाला, अचानक ईलाज चाहिं । अईसन समय नेपाली सेना पर्सा के ग्रामीण भेग के सेवा देवेवाला किसिम से सञ्चालन कईल सर्पदंश उपचार केन्द्र बडका भर कईले बा ।

२०७६ फागुन २४ से विधिवत रुप मे ठोरी गाँवपालिका–४ निर्मलबस्ती मे सेना के सबुज बक्स गण ईलाज केन्द्र चलवले बा । केन्द्र मे शुक तक मे करके ५ सय १३ सर्पदंश तथा बिच्छी, बारुला, अरिगांल आदि डसललोग के ईलाज हो चुकल बा । उपचारार्थ लियावल मेसे अभी तक एक जने के मात्र मृत्यु भईल बा ।

सबुज गण के क्याप्टेन जीवन गुरुङ सेना स्थानीय सँगे के सहकार्य मे समिति गठन करके केन्द्र सञ्चालन कईल बतवनी । ‘स्थानीय सँगे के सहकार्य मे प्रभावकारी ईलाज करेमे सफल भईल बानी,’ कहत उ, ‘स्थानीय मात्र ना होके पडोसी जिराभवानी आ जगरनाथपुर गाँवपालिका आ वीरगंज तथा पडोसी जिल्ला चितवन के माडी से भी सर्पदंश पीडित के ईलाज के खातिर इहाँ लियावल जाला ।’ साथे भारत से भी समय समय मे सर्पदंश पीडित लियावेके कईल उ बतवनी ।

केन्द्र मे सेना के तीन प्युठसब ईलाज कर रहल बाडन । उलोग प्रि–नर्सिंङ शिक्षा सँगे सर्पदंश ईलाज के तीन महिने तालिम लेहले बाडन । सर्पदंश उपचार केन्द्र व्यवस्थापन समिति ७ सदस्यीय बा । अध्यक्ष मानबहादुर श्रेष्ठ काल्हु आजु दैनिक सरदर ३ जने तक उपचारार्थ आवेके बतावेलन ।

केन्द्र सञ्चालन मे अईला के बाद जिल्ला सदरमुकाम वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल मे सर्पदंश के मरेजी के चाप घटल उ दाबी कईनी । केन्द्र के ईलाज निःशुल्क बा । आधा दर्जन शय्या रहल केन्द्र स्थापना कईला पर जरुरी उपकरण तथा आउर भौतिक पूर्वाधार मे स्थानीय नागरिक समाज, ठोरी गाँवपालिका के कार्यालय, विश्व वन्यजन्तु कोष अन्तर्गत के ताल कार्जक्रम से भी सहजोग कईल जानकारी देहनी । सामान्य दवाई ठोरी गाँवपालिका के कार्यालय.उपलब्ध करावेला । एन्टी स्नेक भेनम स्वास्थ्य आपूर्ति व्यवस्थापन कार्यालय हेटौंडा उपलब्ध कराई । केन्द्र मे २०७६ मे ५, २०७७ मे ११४, २०७८ मे १४०, २०७९ मे १६४ आ २०८० मे अभी तक ९४ जने के ईलाज हो चुकल श्रेष्ठ बतवनी ।

संघीय स्वास्थ्य मन्त्रालय २२ लाख रोपेया लागत के भेन्टिलेटर मेसिन २ हप्ता पहिले केन्द्र मे पठवले बा । माकिर, ओकरा के राखे खातिर भवन के कमी बा । ‘भेन्टिलेटर राखेवाला कक्ष के कमी बा,’ कहत उ, ‘गाँवपालिका के कार्यालय भवन बनावेके प्रतिबद्धता जनवले बा ।’ भेन्टिलेटर मेसिन प्रयोग मे अईला पर सर्पदंश के मरेजी के ईलाज मे आउर सहज होखेके उ बतवनी ।

ईलाज मे संलग्न प्युठ सुरेन्द्र सिंह कार्की ग्रामीण भेग मे हरेक बरीस सर्पदंश के घटना हो रहल बतवनी । शनिचर के दिने हि रुङटा वेलफेयर सोसाइटी वीरगंज केन्द्र के एक थान वाटर प्युरिफायर सहजोग कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।