नेपाल–भारत सीमा क्षेत्र से हथियार सहित दु जने पकडईलें

सर्लाही ०३ भादो

सर्लाही के पर्सा गाँवपालिकास्थित सीमा क्षेत्र से सशस्त्र पुलीस शनिचर के अबेर सँझिया हथियार सहित दु जने के नियन्त्रण मे लेहले बा । उलोग के साथ से दु थान पेस्तोल आ गोली बरामद कईल बा ।

पकडाएवाला मे हरिपुर्वा नगरपालिका–६ के २० बरीस के प्रकाश यादव आ उहे जगहा के २३ बरीस के जीवन यादव बाडन । भारत से बीआर १९ जीए ४१४१ नम्बर के मोटरसाइकल मे शनिचर के सँझिया ७ः५५ बजे नेपाल ओरी आ रहल यादवद्वय के पर्सा गाँवपालिका–६ स्थित सीमा क्षेत्र से हथियार सहित नियन्त्रण मे लेहल गईल सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक तुलबहादुर भण्डारी जानकारी देहनी ।

उलोग से पहिनल भितरी वस्त्र आ हेलमेट मे लुकाके राखल ७.६५ एमएम के पेस्तोल एक थान, ओकर म्याग्जिन एक थान सहित १५ राउन्ड गोली आ १.८ एमएम के एक थान कटुवा पेस्तोल आ ओकर ५ राउन्ड गोली बरामद भईल सशस्त्र प्रहरी १० नम्बर गण जनवले बा ।

विशेष सूचना के आधार मे पकडाईल यादवद्वय के साथ से ७ हजार ४ सय भारतीय रोपेया सहित भारतीय बैंक के एटिएम कार्ड समेत बरामद भईल सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक भण्डारी बतवनी ।

हथियार सहित नियन्त्रण मे परल यादवद्वय के जरुरी कारबाही के खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे बुझावल गईल बा । उलोग के बारे मे अनुसन्धान सुरु भइल प्रहरी उपरीक्षक नरेशराज सुवेदी बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।