पहिलका बरीस मे मधेस विश्वविद्यालय मे विद्यार्थी के चाप बढल

वीरगंज ०४ भादो

मधेस विश्वविद्यालय पहिलका बेर पठनपाठन सुरु करे लागल बा । विश्वविद्यालय मे पहिलका बेर मे विद्यार्थी के चाप बढत गईल बा । कानुन आ जनप्रशासन सङ्काय मे भर्ना के खातिर आवेदन दिन विश्वविद्यालय सूचना जारी कईले बा ।

पहिलका बरीस मे पठनपाठन सुरु करे लागल विश्वविद्यालय मे कानुन सङ्काय ओरी वीए एलएलबी आ जनप्रशासन सङ्काय मे इहे भादो १ से १५ गते तक के खातिर भर्ना आवेदन खुला कईले बा । आवेदन खुला भईल तीन दिन मे तीन सय से बेसी विद्यार्थी आवेदन देहले बाडन । खास करके वीए एलएलबी ओरी विद्यार्थी के आकर्षण बेसी बा ।

“दैनिक आवेदन के खातिर आवेवाला विद्यार्थी के सङ्ख्या बढत गईल बा”, विश्वविद्यालय के रजिष्ट्रार विजयकुमार यादव कहनी, “हमनी भर्ना आवेदन खुला कईल तीन दिन के समय मे कानुन सङ्काय ओरी तीन सय आ जनप्रशासन सङ्काय ओरी २७ विद्यार्थी आवेदन देहले बाडन ।” अभी दैनिक विद्यार्थी के चाप बढत गईल उनकर कहनाम बा ।

विश्वविद्यालय कानुन सङ्काय ओरी एक सय १० आ जनप्रशासन ओरी ५५ विद्यार्थी के खातिर कोटा निर्धारण कईले बा । अईसे देखला पर तोकल कोटा से बेसी आवेदन होखेवाला भईला से भादो २३ गते प्रवेश परीक्षा सञ्चालन करके विद्यार्थी छनोट करेके रजिष्ट्रार यादव बतवनी ।

विद्यार्थी छनोट के खातिर ८० पूर्णाङ्क के मौखिक आ २० पूर्णाङ्क के अन्तरवार्ता परीक्षा लेवेके विश्वविद्यालय जनवले बा । उनका मुताविक विश्वविद्यालय मे अध्ययन के खातिर किलास १२ भा प्रवीणता प्रमाणपत्र तह के परीक्षा मे न्यूनतम ५० प्रतिशत भा ‘सी प्लस’ अङ्क लियावल होखेके मापदण्ड तय कईल बा ।

विद्यार्थी छनोट सँगे कुवार के पहिलका हप्ता से दुनु सङ्काय के किलास सञ्चालन करेके तईयारी भईल उनकर कहनाम बा । पठनपाठन के खातिर विश्वविद्यालयद्वारा गठित पाठ्यक्रम विकास समिति आ काठमाण्डु विश्वविद्यालय के विज्ञ टोली तईयार कईल पाठ्यक्रम पारित भइल बा ।

विश्वविद्यालय के तत्काल आपन संरचना निर्माण भइला से काठमाण्डु विश्वविद्यालय के समन्वय मे ई दुनु सङ्काय के पठनपाठन सुरु करेके तइयारी कईल बा । ओकरा सँगे विश्वविद्यालय जरुरी पूर्वाधार निर्माण के काम के भी अगाडि बढवले बा । विसं २०७९ वैशाख १४ गते मधेस प्रदेशसभाद्वारा मधेस विश्वविद्यालय ऐन २०७९ जारी होके २०७९ साल भादो २२ गते स्थापना भईल उ विश्वविद्यालय एक बरीस के समय मे दु सङ्काय के पठनपाठन सुरु करे लागल बा ।

विश्वविद्यालय वीरगंज स्थित नेशनल ट्रेडिङ के भवन भाडा मे लेके कार्यालय सञ्चालन करत आईल बा । पोलिटेक्निक, आईटि, व्यवस्थापन, पारामेडिकल, कृषि इञ्जीनीयरिङ लगायत के प्राविधिक शिक्षा के माध्यम से मधेस प्रदेश के प्राविधिक शिक्षा हव के रुप मे विकास करेके उद्देश्य के साथ अगाडि बढल उ विश्वविद्यालय जग्गा प्राप्ति सँगे जरुरी भौतिक संरचना के खातिर डिपीआर तईयारी मे जुटल विश्वविद्यालय के उपकुलपति डा दीपक शाक्य जानकारी देहनी ।

विश्वविद्यालय पर्सा के बहुदरमाई नगरपालिका–२ मे ३५ बिगहा आ पोखरिया नगरपालिका मे १६ विगहा ऐलानी जमिन प्राप्त कईले बा । एहितरे विश्वविद्यालय पर्सा के पकाहाँ मैनपुर गाँवपालिकास्थित सुरजाहा कट्टी मे (राधाकृष्ण मन्दिर) के २७ बिगहा जमिन मिलल बा । बहुदरमाई मे मिलल जमिन के सिमाङ्कन करके खम्बा जडान कईल बा आ पोखरीया के १६ बिगहा जमिन के स्वामित्व विश्वविद्यालय मे हस्तान्तरण के खातिर वडा कार्यालय से सिफारिस होके प्रक्रिया मे रहल विश्वविद्यालय जनवले बा ।

मधेस विश्वविद्यालय खुद के जरुरी विश्वविद्यालय संगठन, शैक्षिक आ प्रशासन नियमावली २०७९, शिक्षा, कर्मचारी सेवा नियमावली २०७९, आर्थिक प्रशासन नियमावली २०७९ बनाके पारित कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।