सर्लाही के मलंगवा मे कर्फ्यु जारी

मलंगवा २३ भादो
सर्लाही सदरमुकाम मलंगबाबा के अवस्था शनिचर के दिने तनावग्रस्त बनला के बाद जिल्ला प्रशासन कार्यालय मलंगवा सर्लाही कर्फ्यु जारी कईल बा ।
शनिचर के सँझिया ५ बजे से एतवार के सबेरे ८ बजे तक के खातिर कर्फ्यु लगावल गईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय मलंगवा सर्लाही जनवले बा ।
शुक के सँझिया कृष्ण जन्माष्टमी के मूर्ति विसर्जन करेके समय मे दु समुदायबीच झडप भईला पर मलंगवा शनिचर के दिने दिनभर मलंगवा बजार क्षेत्र अशान्त बनल रहे । स्थिति के नियन्त्रण के खातिर नियन्त्रण करे खातिर कर्फ्यु जारी कईल बा ।
पूर्व मे झिम खोला, दक्षिण मे नेपाल भारत सीमा, पश्चिम मे मुसैली नहर आ उत्तर मे पेट्रोल पम्प भितर के क्षेत्र मे कर्फ्यु लगावल गईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी इन्द्रदेव यादव जानकारी देहले बाडन ।
दिनभर मलंगवा तनावग्रस्त रहल आ रात के समय मे होखे सकेवाला सम्भावित घटना के नियन्त्रण करे खातिर कर्फ्यु जारी कईल प्रजिअ यादव जनवले बा ।
शुक के दिने मध्यरात से अवस्था सामान्य भईला पर भी शनिचर के सबेरे से अवस्था तनावग्रस्त बनल बा । आक्रोशित युवासब सबेरे से चौक चौक मे टायर बारके प्रदर्शन मे उतरल बाडन ।
स्थिति के नियन्त्रण मे लेवे खातिर मलंगवा बजार क्षेत्र मे व्यापक प्रहरी परिचालन कईल बा । सर्लाही के प्रमुख जिल्ला अधिकारी इन्द्रदेव यादव सम्भावित अप्रिय घटना के मध्यनजर करके सुरक्षा व्यवस्था कडा बनावल जानकारी देहनी ।
बितल रात झडप रोके खातिर पुलीस १६ सेल अश्रुग्यास आ एक राउण्ड हवाई फायर कईले रहे । स्थिति के नियन्त्रण मे लेवे खातिर पुलीस समय समय मे अश्रुग्यास प्रहार कर रहल बा । नगरपालिका चोक, मुख्य बजार क्षेत्र सहित भित्री बस्तीसब मे भी प्रदर्शन आ ढुंगामुढा हो रहला से ओकरा के नियन्त्रण करे खातिर पुलीस के मुस्किल भईल रहे ।
बितल रात भईल तनाव के चलते मलंगबाबा बजार आजु बन्द बा । सभी दोकान, व्यवसाय बन्द बा अ ा आदमी के चहलपहल कम देखल गईल बा । यातायात के साधन चलल नईखे । सबेरे जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे बईठल सर्वदलीय÷सर्वपक्षीय बईठक से धार्मिक, जातीय, सांस्कृतिक सद्भाव कायम राखे खातिर निहोरा कईले बा ।





