धार्मिक सहिष्णुता कायम राखे खातिर उपप्रधानमन्त्री श्रेष्ठ के निहोरा

वीरगंज १० भादो
उपप्रधानमन्त्री तथा गृहमन्त्री नारायणकाजी श्रेष्ठ जातीय तथा धार्मिक सहिष्णुता कायम राखे खातिर सभी से निहोरा कईले बानी ।
प्रेस सेन्टर नेपाल पर्सा से आजु इहाँ आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे उ बहुजातीय, बहुभाषिक तथा बहुसांस्कृति विशेषतायुक्त नेपाल के पहिचान भईला से विधितासहित के एकता के कायम राखे खातिर सभी से निहोरा कईनी ।
धर्म, संस्कृति आ परम्परा एक दोसर के आस्था, भावना तथा परम्परा उपर सहिष्णुता सहित सामाजिक सद्भाव आ राष्ट्रिय एकता के पक्ष मे खडा होखे खातिर सभी से निहोरा करत गृहमन्त्री श्रेष्ठ सामाजिक सद्भाव बिगाडेके आ एकता भत्कावेवाला उपर सरकार सविंधान तथा कानुन बमोजिम कारबाही करेके चेतावनी भी देहनी ।
भ्रष्टाचार के अन्त्य करके देश मे सुशासन कायम करे खातिर सरकार प्रतिबद्ध रहल उल्लेख करत उ सोना तस्करी आ ललिता निवास जग्गा प्रकरण के अन्तिम निष्कर्ष मे पुगाके दोषी के कानुनी कठघरा मे खडा करेके दृढता भी व्यक्त कईनी ।
“सोना तस्करी सन्दर्भ मे सुरु मे राजस्व अनुसन्धान विभाग अनुसन्धान कईलख, अभी सिआईबी अनुसन्धान कर रहल बा”, कहत गृहमन्त्री श्रेष्ठ, “सिआईबी के अनुसन्धान ओराईला के बाद उ बारेमे कानुनी आ संरचनागत आउरछानबिन करके उपयुक्त निष्कर्ष निकालके उच्चस्तरीय छानबिन प्रक्रिया मे भी हमनी जाएम ।”
ललिता निवास के जमिन आदमी के नाम मे करेवाला काम के सिआईबी अनुसन्धान करके सरकारी वकिल कार्यालय के प्रतिवेदन बुझावल गईल आ सरकारी वकिल कार्यालय भी जलदी प्रक्रिया अगाडि बढावे लागल उ बतवनी ।
सरकार सुशासन, सम्वृद्धि आ सामाजिक न्याय के केन्द्रीत करके काम अगाडि बढावल उल्लेख करत उ राजनीतिक परिवर्तन के साधन आ माध्यम बनाके जनता के जीवनस्तर मे नयाँ किसिम के परिवर्तन के अनुभूति करावे खातिर सरकार के ध्यान केन्द्रीत रहल बतवनी ।
गौर हत्याकाण्ड के विषय मे पत्रकारलोग से कईल सवाला के जवाफ मे गृहमन्त्री श्रेष्ठ कहनी, “अनुसन्धान रुकल नईखे, अनुसन्धान के समय मे आउर बात बुझेके पडि, ओहिसे आउर अनुसन्धान हो रहल बा, ई बारे मे उचित निर्णय लेके अगाडि बढल जाई ।”
एहितरे गृहमन्त्री श्रेष्ठ आजु जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के नवनिर्मित कार्यालय भवन के उद्घाटन करेके कार्जक्रम बा । एहितरे उ आजु दिन के वीरगंज स्थित टाउन हल मे नेकपा (माओवादी केन्द्र) के प्रशिक्षण तथा पार्टी प्रवेश कार्जक्रम के भी सम्बोधन करेके जनावल गईल बा ।






