गौ हत्या करेवाला उपर कारबाही के माग करत गृहमन्त्री विरुद्ध प्रदर्शन करेवाला ५ जने युवा छुटलें

वीरगंज १० भादो

वीरगंज मे एतवार के दिने सरकार आ गृहमन्त्री नारायणकाजी श्रेष्ठ विरुद्ध प्रदर्शन कईल आरोप मे पकडाईल पाँच जने युवालोग छुटल बाडन ।

धरान मे गौ हत्या करेवाला उपर कारबाही के माग करत वीरगंज के युवालोग जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के नवनिर्मित भवन के उदघाटन करे एतवार के सबेरे आईल गृहमन्त्री नारायणकाजी श्रेष्ठ के अगाडि प्रदर्शन करेके समय मे पाँच जने युवालोग के पुलीस पकडले रहे ।

गौ हत्या करेवाला के फाँसी दे, गृहमन्त्री मुर्दावाद, गृहमन्त्री राजीनामा दे लगायत के नारा लगावल वीरगंज १० के मुन्ना कुमार साह, वीरगंज–१ के विशाल कुमार, वीरगंज–८ के राज गुप्ता आ वीरगंज–५ के प्रज्वल डंगोल के पुलीस कार्जक्रम स्थल से पकडके जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे लेगईल रहलन ।

उलोग सभी के एतवार के दुपहरिया साढे ३ बजे बिना सर्त छोडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।