संगठन मात्र ना देश हि एगो होनहार सपुत गुमवलख : महानिरिक्षक अर्याल

वीरगंज १३ भादो
सशस्त्र प्रहरी उपरिक्षक स्व. सुमन थपलिया के १३ वाँ दिन के पुण्यतिथि मे बुध के दिने वीरगंज मे श्रद्धाञ्जली सभा पुरा भईल बा ।
श्रद्धाञ्जली सभा के सम्बोधन करत सशस्त्र प्रहरी महानिरिक्षक राजु अर्याल संगठन मात्र ना देश हि एगो होनहार सपुत गुमावल बतवनी । असल, इमान्दार आ कर्तव्यनिष्ठ स्व. थपलिया सशस्त्र प्रहरी बल के अव्वल अधिकृत रहल चर्चा करत महानिरिक्षक अर्याल थपलिया के कमी संगठन हरदम महशुस करेके बतवनी ।
श्रद्धाञ्जली सभा कार्जक्रम मे बीरगंज महानगरपालिका के प्रमुख राजेशमान सिंह, पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी हिरलाला रेग्मी, सशस्त्र प्रहरी मधेश प्रदेश के प्रमुख दीपेन्द्र शाह, वीरगंज महानगर के उपप्रमुख ईम्तियाज आलम, जगरनाथपुर गाँवपालिका के प्रमुख श्रीकान्त यादव, नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रिय सचिव दीपेन्द्र चौहान, केन्द्रिय सदस्य के.सी.लामछिाने, नेपाल प्रेस युनियन के केन्द्रिय सदस्य श्रीराम रायमाझी, नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के अध्यक्ष अनुप तिवारी, नेपाल उधोग बाणिज्य महासंघ के केन्द्रिय सदस्य डा.सुवोध गुप्ता, प्रदेश अध्यक्ष अशोक टेमानी, वीरगंज अध्यक्ष अनिल अग्रवाल, माधव राजपाल, संजय अग्रवाल, कमल चौगाई, दीलीपराज कार्की, महेश सिंह धामी लगायत के लोग स्व. थपलिया के चर्चा करत उनकर तस्विर मे माल्यार्पण करके श्रद्धाञ्जली अर्पण कईले रहलन ।
सशस्त्र प्रहरी उपरिक्षक थपलिया के भादो २ गते हृदयघात के चलते मृत्यु भईल रहे ।
स्व. थपलिया के स्मृति मे अक्षय कोष स्थापना
वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ पर्सा के तत्कालिन सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक सुमन थपलिया के स्मृति मे २ लाख रोपेया के अक्षय कोष स्थापना के घोषणा कईले बा । सशस्त्र प्रहरी महानिरीक्षक राजु अर्याल सँगे संघ के पदाधिकारी तथा कार्यसमिति सदस्यलोग के बुध के दिने वीरगंज मे भईल छलफल कार्जक्रम मे अईसन घोषणा कईल बा ।
छलफल मे संघ के अध्यक्ष अनिलकुमार अग्रवाल थपलिया के स्मृति मे अक्षय कोष के स्थापना करेके आ कोष के परिचालन बाद मे बनेके निर्देशिका बमोजिम करेके बतवनी । उ थपलिया पर्सा मे छोट समय मे आपन पहिचान बनावेमे सफल भईल बतवनी ।
अग्रवाल सीमावर्ती क्षेत्र मे खटल सशस्त्र प्रहरीलोग के अभिमुखीकरण कार्जक्रम के आयोजना करके बिलबिजक, प्रज्ञापन पत्र लगायत के आधारभूत विषयसब के बारे मे जानकारी करावे खातिर निहोरा कईनी । साथे औद्योगिक सुरक्षा बल के पुनःस्थापना करेके तथा स्थलगत रुप मे वीरगंज नाका होत नेपाल आवेवाला भारतीय पर्यटकलोग के सहजीकरण करेके, पर्यटक के खातिर आधिकारिक मुद्रा सटही काउन्टर के व्यवस्था करेके आ डिजिटल सेक्युरिटी के व्यवस्था करे खातिर भी सशस्त्र के महानिरीक्षक अर्याल के अग्रवाल निहोरा कईनी ।
महानिरीक्षक अर्याल संघ से मिलल सुझाव के खुद गम्भीरतापूर्वक लेहल बतावत वीरगंज आर्थिक आ व्यापारिक नगरी भईला से एकर गम्भीरता के मध्यनजर करत उहे मुताविक के सुरक्षा व्यवस्था मिलावे खातिर सशस्त्र प्रहरी संगठन प्रतिबद्ध रहल बतवनी ।
सीमावर्ती क्षेत्र मे खटल सशस्त्र पुलीसलोग के बिलबिजक, प्रज्ञापनपत्र लगायत के आधारभूत विषयसब के बारे मे जानकारी करावे खातिर सीमावर्ती क्षेत्र के उद्योग वाणिज्य संघसब के सहकार्य मे सचेतनामूलक कार्जक्रम के आयोजना करेके बतवनी ।






