वीरगंज महानगर उठवलख ५ महीना मे १८ करोड राजश्व

वीरगंज १८ पुस

वीरगंज महानगरपालिका चालु आर्थिक बरीस २०७८÷७९ के पाँच महीना मे १८ करोड राजश्व संकलन कईले बा । ०७८ सावन से अगहन मसान्त तक अनेकन शीर्षक मे १८ करोड ७३ लाख ५२ हजार १६७ रोपेया ९८ पईसा राजश्व संकलन कईले बा ।

राजश्व व्यवस्थापन महाशाखा के मुताविक चालु आर्थिक बरीस के अगहन मसान्त तक सम्पत्ति कर सात करोड ६७ लाख ५८ हजार १५१ रोपेया ५८ पईसा, भूमिकर÷मालपोत ५० लाख ३५ हजार ९२५ रोपेया ६४ पईसा, घर बहाल कर दु करोड ३४ लाख २४ हजार ५८ रोपेया ९४ पईसा, बहाल विटौरी कर ९ लाख ४७ हजार ५२१ रोपेया १६ पईसा उठवले बा ।

एहितरे, सवारी साधन मे लागेवाला कर (साना) दु लाख ७० हजार ९ सय ५० रोपेया, पूर्वाधार सेवा उपयोग मे लागेवाला कर एक करोड ९००, विज्ञापन कर १४ लाख ७८ हजार ३४ रोपेया उठल बा ।

आउर मनोरञ्जन कर ९२ हजार ६५३ रोपेया, व्यवसाय रजिष्ट्रेशन दस्तुर ८७ लाख ८८ हजार, अखेटोपहार मे लागेवाला कर २९ लाख ३४ हजार २५६ रोपेया ६२ पईसा, सरकारी सम्पत्ति बहाल से मिलल आय ४९ लाख २५०, आउर स्रोत से बाँडफाँड ना होखेवाला ७१ लाख ६६३ रोपेया मिलल बा ।

एहितरे विद्युत सेवा शुल्क १८५ रोपेया, आउर सेवा शुल्क एक करोड १४ लाख ७० हजार ७१३ रोपेया ७० पईसा, न्यायिक दस्तुर ६ हजार ६४०, परीक्षा शुल्क चार लाख पाँच हजार ३८० रोपेया, आउर प्रशासनिक सेवा शुल्क दु लाख ६१ हजार ३००, नक्सा पास दस्तुर दु करोड ३० लाख ३१ हजार ६९८ रोपेया १९ पईसा, सिफारिस दस्तुर ७९ लाख ९५ हजार ३०५ रोपेया ७५ पईसा संकलन भईल बा ।

नगरपालिका व्यक्तिगत घटना दर्ता दस्तुर ८ लाख ८८ हजार ३५३ रोपेया, आउर दस्तुर १३ हजार ९५०, प्रशासनिक दण्ड जरिवानावापत एक करोड ९ हजार ५८६ रोपेया ७५ पईसा आ बेरुजु ५३ हजार ५ सय रोपेया असुल कईले बा ।

बितल आर्थिक बरीस ०७७÷०७८ के बराबरी मे २० प्रतिशत बेसी राजश्व संकलन करेमे सफल भईल राजश्व व्यवस्थापन महाशाखा के अधिकृत पवन प्रधान जानकारी देहनी । बितल आर्थिक बरीस के पाँच महीना मे कार्यालय १५ करोड ४९ लाख ८२ हजार ६८९ रोपेया ६६ पईसा राजश्व संकलन कईले रहे ।

नगरवासी के कर तिरे मे प्रोत्साहित करेके उद्देश्य से अनेकन किसिम के सुविधा देहला के बाद राजश्व संकलन मे सकारात्मक प्रभाव देखल गईल अधिकृत प्रधान बतवनी । चालु आर्थिक बरीस मे ९५ करोड ४७ लाख ४७२ रोपेया राजश्व संकलन करेके लक्ष्य महानगर लेहले बा ।

बितल आर्थिक बरीस मे ५० करोड ७५ लाख आन्तरिक राजश्व संकलन करेके लक्ष्य राखल महानगर लक्ष्य से ३१ प्रतिशत बेसी अर्थात ६६ करोड ८८ लाख ९४ हजार ४४६ रोपेया ४६ पईसा राजश्व संकलन कईले रहे ।

लक्ष्य मुताविक राजस्व संकलन भईला पर भी आवेवाला बरीस राजस्व के दायरा आउर बढावेके योजना बनावल गईल वीरगंज महानगरपालिका के राजस्व शाखा के प्रमुख अरुण बस्नेत बतवनी ।

कर मे छुट देहला के साथे अनेकन किसिम के योजनसब लियाके नगरवासी के कर तिरे खातिर प्रोत्साहन कईला से भी राजश्व मे सुधार आईल उनकर कहनाम बा ।

महानगर चालु आर्थिक बरीस के पुस मसान्त तक भूमि एवं सम्पत्तिकर तथा व्यवसायिक कर मे १० प्रतिशत छुट देहले बा । उद्योग, सपिङ मल, अस्पताल आ स्कुलसब के लागेवाला सम्पति कर मे ५० प्रतिशत छुट कईल बा ।

महानगर आन्तरिक आय बरियार बनावे खातिर हर सम्भव प्रयत्न कर रहल उनकर कहनाम बा । ‘कर मे मिलल छुट के फायदा उठाके समय मे कर तिरीं, जरिवाना से बँची, वीरगंज नगर के समृद्ध बनावल जाँव ।’ कहत महानगर नगरवासी के समय मे हि कर तिरे खातिर निहोरा करत आईल बा ।

आम्दानी होखेवाला के बेसी आ कम होखेवाला के कम कर लागेवाला किसिम से वैज्ञानिक कर प्रणाली लागू कईल नगर प्रमुख विजयकुमार सरावगी के दाबी बा । उ वार्ड कार्यालय से कर तिरे सकेवाला किसिम से व्यवस्था मिलावत लेगईल बतवनी ।

‘वीरगंज मे १६ गो सहरी आ १६ गो ग्रामीण वार्ड बा, कर तिरे खातिर सभी के वीरगंज हि आवेके बाध्यता बा’ कहत उ, ‘कुछ वडा के प्रविधिमैत्री बनावल गईल बा, वार्ड से सिफारिस शुल्क तथा कर तिरे सकेके व्यवस्था मिलावल गईल बा ।’ थपाईल १६ गो वार्ड के प्रविधिमैत्री बनाके वार्ड से सिफारिस शुल्क, सम्पत्ति तथा व्यवसाय कर तिरे सकेके व्यवस्था मिलावेके तईयारी हो रहल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।