९ सय छोटा उद्योग दर्ता, दु सय ५९ खारेज

बारा १३ भादो

घरेलु तथा साना उद्योग कार्यालय आर्थिक बरीस २०७९÷०८० मे आठ सय ९९ घरेलु तथा साना उद्योग दर्ता कईले बा । एहितरे दु सय ५९ गो साना उद्योग खारेज कईले बा ।

आठ सय ९९ घरेलु तथा साना उद्योग दर्ता आ आठ सय छ गो उद्योग नवीकरण कईला पर कूल रु एक करोड ३४ लाख ३५ हजार सात सय ३० राजस्व सङ्कलन भईल कार्यालय प्रमुख धर्मेन्द्रलाल कर्ण बतवनी ।

बितल आर्थिक बरीस साना घरेलु उद्योग ९८, वाणिज्य ओर (दोकान) एक सय ६१ समेत करके दु सय ५९ गो साना उद्योग खारेज कईल रहे । चालु आर्थिक बरीस मे दर्ता कईल उद्योग मे उत्पादनमूलक एक सय ३८ कृषि तथा वाणिज्य चार सय ७१, सेवामूलक दु सय ८२, पर्यटन ४२, आउर चारसमेत करके जम्मा आठ सय ९९ उद्योग दर्ता भईल बा । उ उद्योग मे चार हजार चार सय ४४ जने के रोजगार मिलल बतावल गईल बा । अभी तक दर्ता रहल आठ सय ६६ गो आ नवीकरण भईल एक हजार ५८ गो उद्योग सहित कूल एक हजार ९ सय ३४ गो उद्योग सञ्चालन मे रहल बा ।

आव २०७८÷०७९ मे जनानी ८ सय १० आ पुरुष ९ सय ५६ उद्यमी रहल उद्योग मे जनानी तीन हजार एक सय ६८ पुरुष सात हजार ९ सय ४६ समेत करके ११ हजार एक सय १४ जने के रोजगार मिलल रहे ।

उ कार्यालय बितल आव मे ब्यूटिपार्लर, सिलाइकटाई, हाउस वायरिङ, कम्प्युटर, गलैँचा, हाते कटाइबुनाई, अगरबत्ती, बाँस के मुढा बनावेके जईसन सीपमूलक तालिम सञ्चालन कईले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।