११ वाँ राष्ट्रिय खेलकुद मधेश प्रदेश मे होखी : मुख्यमन्त्री यादव

११ वाँ राष्ट्रिय खेलकुद मधेश प्रदेश मे होखी : मुख्यमन्त्री यादव

प्रभु यादव

बारा १३ माघ

नेपाल के ११ वाँ राष्ट्रिय खेलकुद मधेश प्रदेश मे होखी कहके मुख्यमन्त्री सरोज यादव बतावले बानी । तिसरका मनहर्वा गोल्डकप के प्रमुख अतिथि मधेश प्रदेश के मुख्यमन्त्री यादव उदघाटन करत ११ वाँ राष्ट्रिय खेलकुद होखे के जनकारी करावले बानी ।

नेपाल के सब से बडका राष्ट्रिय खेलकुद मैदान जनकपुर मे बनावेके काम सुरूवात होरहल जवना मे सभे खेल खेलावे के सुविधा रही मुख्यमन्त्री यादव जनकारी करावले रहनी । मधेश प्रदेश के आठु जिल्ला मे बनेवाला खेलकुद मेसे बारा के महागढीमाई नगरपालीका क्षेत्र मे बनावे के तईयारी होरहल यादव जनकारी करावले बानी । मनहर्वा गोल्डकप होरहल खेल मैदान के सुधार मरमत करेला ई साल के बजेट मेसे ५० लाख सहजोग करेके जवना के कलहे से प्रक्रिया सुरू करेला समिति मुख्यमन्त्री यादव जनकारी करावले बानी ।

प्रहरी के तथ्यांक मे मधेश प्रदेश मे अधिक नाशा खायेवाला संख्या रहल बा जवना मे बारा अधिक भईला से निजगढ मे प्रदेश से सुधार केन्द्र बनावेके सुरूवात होरहल यादव जनकारी करावले बानी । जवान लोग अधिक नासा खाएमे बढ रहल बा जउनाके कम करेला खेलकुद के आयोजना करके कमी लियावल जाएके यादव बतावले रहनी ।

बारा क्षेत्र नम्वर ३ के प्रतिनिधि सभा सदस्य एवम पूर्व कृषि मन्त्री ज्वाला साह अपना सँगे ना बजेट बा ना सरकार बा प्रदेश सरकार के बजेट से एक करोड देवेला मुख्यमन्त्री से निहोरा कईले रहनी । मधेश प्रदेश खेलकुद तथा समाज कल्याण मन्त्री सुरिता साह खेलकुद के आयोजना से राष्ट्रिय आ अन्तर्राष्ट्रिय खेल सभेमे सहभागिता होई बतावले बानी । जनकपुर मे अन्तर्राष्ट्रिय खेलकुद बनावेला दु करोड के खर्च मे डिपिआर होरहल मन्त्री साह बतावले बानी । मधेश प्रदेश के आठो जिल्ला मे खेलकुद बनावेला प्रदेश से बजेट छुटयावले बा मन्त्री साह बतावले बानी । तिसरा मनहर्वा गोल्डकप के खेल खातिर चार लाख सहयोग देवेके जनकारी करावले बानी ।

जनता समाजवादी के मधेश प्रदेश अध्यक्ष आ पूर्व प्रतिनिधि सभा सदस्य रामबाबु कुमार यादव मनहर्वा के गोल्डकप कलैया आ जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका के बिचके पहचान संस्कृती के झलकावे वाला भईल बतावले बानी । जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका के वडा नम्वर १८ मे रहल मनहर्वा कलैया उपमहानगरपालिका के उतर भेग के मुख्य द्वार भईल जवना से दुनु पालिका के बिच भईल यादव जनकारी करावले बानी ।

गोल्डकप उदघाटन कार्जक्रम मौवादेवी युवा क्लव के अध्यक्ष निर्मल कुमार यादव के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका के नगर उपप्रमुख भोलाप्रसाद अधिकारी, जीतपुरसिमरा १८ के वार्ड अध्यक्ष चर्तुरबाबु वाग्ले, वार्ड नं. १६ के अध्यक्ष हरिदेव खरेल लगायत के लोग आपन आपन खेलकुद के विकास करेला बात राखले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।