ब्रह्माकुमारी आ पत्रकारलोग बीच स्नेह मिलन कार्जक्रम पुरा

प्रभु यादव

बारा १५ भादो

बारा के पिलुवा मे ब्रह्माकुमारीज शान्ति बाटीका मे स्नेह मिलन कार्जक्रम मे पत्रकार सब के राखी बाध के मनावल गईल बा । ब्रह्माकुमारीज शान्ति प्रतिष्ठान जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका १६ पिलुवा के इन्चार्ज पार्वती बहन, गोमा बहन निजगढ के इन्चार्ज राखि बधले रहनी ।

प्रतिष्ठा के गुणराज लामिछाने कार्जक्रम मे पत्रकार सब मानव के सचेत करावेला सत्य काम के कलम चला के सचेतना देवेके काम करेला जवना से समुदाय मे सद्भाव बढावेला बतावले बानी । असत्य के सत्य के ओर कईसे लागल जाई आ शान्ति स्थापना होसकता जेकर सचेतना जगावेवाला पत्रकार लोग के बहुते भुमिका रहल लामिछाने बतावले रहनी ।

शान्ति बाटीका मे अधिक से अधिक दुर्लभ गाछबिक्ष के पवधा लगा के सुन्दर शान्त जगह बनावे के काम कईल जारहल जनकारी करावले रहनी । शान्ति बाटीका मे तपस्वी सब दुरदुर से आकर के घुमकर के मन के शान्ति लेकर के जाले लामिछाने बतावले बानी । पार्वती बहन आपन बात राखत सभे लोग शिव के ध्यान कर के हर दिन शान्ति मन के बनाके जीवन मे सुख लेवेके बतावले बानी ।

नेपाल प्रेस युनियन बारा शाखा के अध्यक्ष श्यामबाबु यादव के प्रमुख अतिथी मे भईल कार्जक्रम मे जिल्ला कार्य समिति के उपाध्यक्ष वसन्त खतिवडा, अनिल साह, सचिव राजेश महतो, कोषाध्यक्ष अरूण साह लगायत सदस्य लोग के सहभागिता रहल रहे । रक्षाबन्धन के अवसर पर भईल कार्जक्रम मे कृष्ण जन्मअष्ठमी के पर्व नजिक भईल सम्झना करावत फोटो देके समान कईले रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।