क्रिकेट देखे खातिर वीरगंज महानगर दिनके २ बजे से देहलख छुटी

वीरगंज १८ भादो
पर्सा के वीरगंज महानगरपालिका एसिया कप क्रिकेट प्रतियोगिता देखे खातिर सोमार के दिने २ बजे के बाद सार्वजनिक छुटी देहले बा ।
महानगर के अधिकृत हरि राउत क्रिकेट देखे खातिर महानगरपालिका अन्तर्गत जरुरी सेवा बाहेक के सभी सेवासब बन्द करेके सूचना जारी कईले रहलन । सूचना मे कहल बा, ‘क्रिकेट खेल उपर के भावना अभिवृद्धि करे खातिर तथा एसिया कप मे नेपाल सहभागी होके गौरवान्वित महसुस कईला से नेपाली क्रिकेट टोली के हौसला बढावे खातिर २ बजे से अत्यावश्यक सेवासब वाहेक के सभी सेवासब बन्द कईले बा ।’





