पकहाँ मैनपुर के जिन्सी प्रमुख महतो के निर्देशन मे कार्यालय से रात मे सामानसब निकालल कार्यालय सहजोगी कुर्मी के कहनाम, अधिकृत कुशवाहा गायब

वीरगंज २३ भादो

पर्सा जिल्ला के पकहाँ मैनपुर गाँवपालिका के जिन्सी शाखा से कर्मचारीलोग हि रात के समय मे समानसब चोरी कर रहल घटना सार्वजनिक भईल बा ।

जिन्सी शाखा प्रमुख हरि मोहन महतो के निर्देशन मे कार्यालय सहजोगी मुना राउत कुर्मी आ पालिका के एक वार्ड के सहायक कम्प्यूटर अपरेटर धनन्जय पालिका से रात के समय मे ब्याग, रैनकोट लगायत के सामानसब चोरी करके घर लेजारहल अवस्था मे स्थानिय युवालोग पकड के सामान फिर्ता राखवावल बतावल गईल बा ।

घटना भादो २१ गते रात करिब ८ः३० बजे के ह । पालिका के कार्यालय सहजोगी कुर्मी आ सहायक कम्प्यूटर अपरेट धनन्जय पालिका के जिन्सी शाखा खोल के शाखा मे रहल व्याग आ रैनकोट निकाल के लेजारहल समय स्थानिय युवालोग देखला के बाद हो–हल्ला कईले रहलन । हल्ला भईला के बाद कुछ सामान्य बिवाद भईला पर भी कार्यालय सहजोगी उ सामान कार्यालय मे फिर्ता राख के भागल सामाजिक सञ्जाल मे भाईरल भईल भिडियो मे प्रष्ट देखल जा सकता ।

ई घटना पहिलका ना ह, एकरा से पहिले भी रात के समय मे कार्यालय खोल के जिन्सी शाखा प्रमुख महतो आ कार्यालय सहजोगी मुना अनेकन सामानसब निकालके घर लेगईल समाचार स्रोत जनवले बा ।

पालिका जनता के खातिर किनल सामानसब कर्मचारीलोग हि चोरा के आपन घर लेगईला पर ना प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत राज कुशावाहा ना त पालिका अध्यक्ष सुरेश मेहता के हि मतलब बा । अईसे चोरी के घटना बाहर अईला पर भी पालिका अध्यक्ष मेहता चोरी मे संलग्न कर्मचारीलोग के कउनो किसिम के कारवाही प्रक्रिया अगाडि ना बढईला पर उनका उपर भी स्थानियलोग शंका करे लागल बाडन ।

उ विषय मे कार्यालय सहजोगी मुना से फुन सम्पर्क करके प्रतिक्रिया लेवेके खोजला पर हमरा के जिन्सी शाखा प्रमुख हरि सर कार्यालय के सामान मिलावे के कहला के बाद रात के समय मे कार्यालय गईल बतवनी । साथे पालिका सभी कर्मचारीलोग के एक÷एक थान व्याग आ रैनकोट वितरण कईल आ हमर भाग बाकी रहला से रात के समय मे उ सामान लेवे गईल सकरले बानी ।

उ सम्बन्ध मे जिन्सी शाखा प्रमुख हरि मोहन महतो से फुन सम्पर्क करके प्रतिक्रिया लेवेके खोजला पर उ किनल बवल आ तारसब मँगईला मे कर्मचारीलोग नास्ता कईला पर देरी भईला पर रात के समय मे राखे खातिर पठावल बतवनी । कार्यालय मे रहल वाईफाई बन्द कईला के बाद स्थानियलोग बिरोध जनावल कहत चोरी के घटना के तोपताप करत आपन चोरी के कालाकर्तुतसब लुकावेके खोजले रहलन ।

उ सम्बन्ध मे पालिका अध्यक्ष सुरेश मेहता से फुन सम्पर्क करके प्रतिक्रिया लेवेके खोजला पर किनल बवल आ तारसब राखे गईल प्रतिक्रिया देहनी । फेनु कार्यालय सहजोगी से पुछला पर उ व्याग आ रैनकोट लेवे गईल कहके सकरले बाडन कहले पुछला पर पालिका अध्यक्ष मेहता कुछो जवाफ ना देके मोबाईल फुन काटके बात करेके ना चहनी ।

भादो २१ गते चोरी के घटना स्थानियलोग हो–हल्ला करके सार्वजनिक कईला के बाद भ्रष्ट प्रवृति के कार्यकारी अधिकृत राज कुशवाहा मोबाईल फुन अफ करके सम्पर्क विहिन भईल स्थानियलोग जनवले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।