पटेर्वासुगौली मे बालबियाह, दहेज प्रथा, जनानी हिंसा बिरुद्ध तालिम

वीरगंज १४ माघ

बालबियाह, दहेज प्रथा, जनानी हिंसा बिरुद्ध तिन दिने तालिम पर्सा के पटेर्वासुगौली गाँवपालिका स्थित नेरा माबी सुगौली दा.प मे आजु से सुरु भईल बा ।

पटेर्वासुगौली गाँवपालिका के सहजोग तथा सामुदायिक तालिम केन्द्र प्रालि के आयोजना मे शुरु भईल तालिम के उदघाटन करत गाँवपालिका उपाध्यक्ष ममता महतो आपन बेटीलोग के दहेज ना शिक्षा देहल जरुरी बा कहके बतवनी ।

माईबाबु से बेटा आ बेटी बीच भेदभाव हो रहल बा जईसे बेटा के महँगा स्कुल मे आ बेटी के सरकारी स्कूल मे पठावल जा रहला से अईसन ना करे खातिर निहोरा कइनी ।

माईबाबु बेटी जनमला के बाद बोझ के रुपमे लेरहल आ कैयन माईबाबुलोग बेटी के गर्भ मे हि भ्रुण हत्या कर रहला से ओईसन अपराध ना करे खातिर निहोरा कइनी । बेटी के उच्च शिक्षा दिलाके २० बरीस के बाद बियाह करेके बात मे जोड देहनी ।

बालबियाह, दहेज प्रथा, जनानी हिंसा रोके खातिर आपन घर परिवार से सुरु करेके पडि कहत जब तक जनानीलोग उपर होखेवाला हिंसा अन्त ना होखि तब तक जनानीलोग समाज मे अगाडि बढे ना सकेके बतवनी ।

कार्जक्रम मे प्रमुख प्रसाशकिय अधिकृत भुजेन्द्र प्रसाद यादव जनानी से हि जनानी उपर हिंसा हो रहल देखल गईल बा । बेटा के बियाह मे जनानीलोग से हि दहेज माग कर रहल बतावत शिक्षित आ सभ्य पतोह के जरुरत ना होके देहज के पछाडि भागला से समाज मे अनेकन किसिम के घटना हो रहल बतवनी ।

कार्जक्रम मे योजना प्रमुख राजकुमार महतो, शिक्षा प्रमुख शम्भु साह, बिधालय के प्रअ मोहन दास, पत्रकार लालबाबु बानिया लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी । ७० जने जनानीलोग के सहभागीता रहल तालिम मे नरेन्द्र साह, रितु कर्ण प्रशिक्षण देहले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।