भोजपुरीया माटी भाषा साहित्य पत्रिका के २० वाँ अंक विमोचन, भोजपुरी मे पढाइ करावेला सभे के जोर

प्रभु यादव
बारा २३ भादो
बारा के सिम्रौनगढ मे भोजपुरीया माटी साहित्य पत्रिका के २० वाँ अंक एक कार्जक्रम कर के विमोचन कईल गईल बा । कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि भाषा आयोग के अध्यक्ष डाक्टर गोपाल ठाकुर आ सिम्रौनगढ नगरपालिका के मेयर किशोरी प्रसाद कलवार संयुक्त रुपमे विमोचन कईले बानी ।
भोजपुरीया माटी साहित्य पत्रिका के २० वां अंक सिम्रौनगढ के ईतिहास पर विशेष रहल बा । कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि भाषा आयोग के अध्यक्ष ठाकुर पञ्चायत शासन मे सिम्रौनगढ के कवनो नाम से ना चिनहत रहल रहे जवना से विकास ना होखे सकल गणतन्त्र आईल तब सिम्रौनगढ नगरपालिका बनल बा अब विकास के कार्य होरहल बतावले बानी ।
सिम्रौनगढ नगरपालिका के पवन भुमि के उपराष्ट्रपति, मुख्यमन्त्री, मेयर आ अपने भाषा आयोग के अध्यक्ष विकास के खातिर चिन्तीत भईल ठाकुर बतावले बानी । पालिका सरकार स्कुल मे भोजपुरी भाषा के पढाइ करवाई आ अंग्रेजी दुनु के अध्ययन करी कवन अगाडि बढता ओकरा के अगाडि बढाई कहत मातृ भाषा बढ सकता डाक्टर ठाकुर बतावले बानी । पालिका सरकार से नीति ऐन बनवाकर के सिम्रौनगढ प्रज्ञा प्रतिष्ठान बनावे के सल्लाह ठाकुर देहनी ।
सभे लिखत बानी माकिर अभि भि बहुते ईतिहास के बातसब छुटल बा खोजकर के लियावे के प्रमुख अतिथि डाक्टर ठाकुर सुझाव देहले बानी । सिम्रौनगढ के ईतिहास के डकुमेन्ट्री भोजपुरी भाषा मे बनावे के तईयारी कईल गईल बा बनला के वाद ओकरा के अग्रेजी मे अनुवाद कर के विदेश मे पर्यटकिय प्रचार प्रसार करे के काम सुरूवा आजे से होरहल ठाकुर जनकारी करावले बानी । नेता तथा साहित्यकार बतहु यादव सिम्रौनगढ के ईतिहास के राजनिति अगुवा लोग ना संरक्षण आ विकास करेके काम करी तब तकले अगाडि ना बढ सकता बतावले बानी ।
भोजपुरी भाषा के अगुवा भोजपुरी प्रतिष्ठान बारा के अध्यक्ष एवं भोजपुरीया माटी साहित्य पत्रिका के सम्पादक रामप्रसाद साह सभे लोग से भाषा के संरक्षण खातिर अगुवई के जिमेवारी लेके अगाडि बढे के निहोरा कईले रहनी । सिम्रौनगढ नगरपालिका के आयोजना आ भोजपुरी प्रतिष्ठान बारा के सह–आयोजना मे पालिका के सभा हल मे कार्जक्रम सम्पन्न भईल रहल रहे ।
कार्जक्रम सिम्रौनगढ पालिका के अध्यक्ष किशोर प्रसाद कलवार के सभापतित्व मे भईल जवना के स्वागत गोपाल सेवा समिति बारा शाखा के अध्यक्ष एव साहित्यकार जंगबहार यादव कईले रहनी । सन्जुबाबा मोची के सञ्चालन मे भईल कार्जक्रम मे साहित्यकार धिरेन्द्र यादव, अमोद गुप्ता, विजय किशोर पाण्डे, ध्रुवलाल सहनी निषाद, रामेश्वर मेहता आ सिम्रौनगढ नगरपालिका के ६ के वार्ड अध्यक्ष नन्दकिशोर साह, वार्ड नम्वर ७ के विवेक मेहता आ वार्ड नम्वर ८ के अध्यक्ष रामदिनेश यादव सिम्रौनगढ के ईतिहास आ भोजपुरीया माटी साहित्य पत्रिका के साथे विकास मे जोड देवे के बतावले रहनी ।






