राष्ट्रिय सहारा दैनिक के वार्षिकोत्सव मे बतकही कार्जक्रम

वीरगंज २३ भादो
वीरगंज से प्रकाशित होत आईल राष्ट्रिय सहारा दैनिक पत्रिका आपन २० बरीस पुरा करके २१ वाँ बरीस मे पुगल अवसर मे शनिचर के दिने पत्रकार आ स्थानिय सरकार के भुमिका विषयक बतकही कार्जक्रम पुरा कईले बा ।
कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि नेकपा एस के नेता एवं बारा क्षेत्र नं. ४ के सांसद किसान श्रेष्ठ राष्ट्रिय सहारा दैनिक के टीम युद्ध के कमाण्डर आ सिपाही रहल चर्चा करत स्थानिय निकाय से स्थानिय पत्रपत्रिका उपर विशेष ध्यान देवे खातिर निहोरा कईले रहलन । उ मधेसी समुदाय उपर संघिय सरकार के नियत ठीक ना भईल टिप्पणी करत हजारो नेता तथा कार्यकर्तालोग एमसिसी पक्ष मे सहमति देहला पर कुछो ना बोलेके आ एमसिसी के पक्ष मे बोलल कहत नेपाली कांग्रेस के सह महामन्त्री महेन्द्र यादव उपर खुकुरी प्रहार भईल । एकरा से हि प्रमाणित करेला कि नेपाल मे रहेवाला मधेसी समुदाय उपर सरकार के नियत ठीक नईखे । जदि नेपाल के समृद्धि आ समुन्नति के ओरी उन्मुख करावेके बा त मधेसी समुदाय के विकास भईल बहुते जरुरी रहल बतवनी । कार्जक्रम मे विशिष्ट अतिथि प्रदेश सभा सदस्य जितेन्द्र सोनल पत्रिका लम्हर उतार चढाव के बीच ई मुकाम तक आईल कहत शुभकामना देत पत्रिका के निष्पक्ष आ लोकतन्त्र के मार्यादा के बुझके काम करे खातिर सुझाव देहनी । पत्रिका के सञ्चालक चन्द्रभूषण साह के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रिय सचिव दीपेन्द्र चौहान, केन्द्रिय सदस्य केसी लामिछाने, जिल्ला अध्यक्ष अनुप तिवारी, उद्योग वाणिज्य संघ वीरगंज के अध्यक्ष अनिल अग्रवाल लगायत के लोग शुभकामना मन्तव्य रखले रहनी ।






