वीरगंज मे सशस्त्र पुलीस छापा मारके ८ क्वीन्टल काजु पकडलख

वीरगंज २५ भादो

वीरगंज से सशस्त्र पुलीस बहुते परिमाण मे भन्सार ना तिर के लियावल काजु बरामद कईले बा । सशस्त्र प्रहरी बल १३ नम्बर गण पर्सा से खटल सशस्त्र प्रहरी टोली वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १० ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस पछाडि के बजरंग टोलस्थित एक गोदाम मे छापा मारके ८ क्वीन्टल काजु बरामद कईले बा ।

विशेष सूचना के आधार मे सोमार के दिने सशस्त्र प्रहरी नायब उपरीक्षक देवेन्द्रबहादुर सिंह आ वीरगंज भन्सार कार्यालय के अधिकृत दीपेन्द्र शर्मा पौडेल के नेतृत्व मे खटल टोली बजरंग टोलस्थित मगनी राउत के घर मे रहल गोदाम मे भण्डारण करके राखल काजु बरामद कईले बा ।

राउत के घर मे गोदाम बनाके जम्मा करके राखल भन्सार छली के काजु बरामद कईल सिंह जानकारी देहनी । बरामद काजु के अनुमानित बजार दाम ७ लाख २० हजार रोपेया रहल उ बतवनी ।

बरामद काजु वीरगंज भन्सार कार्यालय पर्सा मे बुझावल गईल आ काजु धनी के बारे मे अनुसन्धान हो रहल सिंह जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।