वीरगंज के बाल सुधार गृह तनावग्रस्त, उद्धार काम जारी

वीरगंज २६ भादो
वीरगंज के वीर्तास्थित बाल सुधार गृह मंगर के रात ८ बजे से तनावग्रस्त बनल बा । सुधार गृह मे रहल बाल कैदीबन्दीसब सुधारगृह भितर तोडफोड कईला के साथे बाहर रहल पुलीस उपर भी ईटापथल चलईला से उहाँ के स्थिति तनावग्रस्त बनल बा ।
सुधार गृह भितर से बाल कैदीबन्दी से चलावल पथल लाग के एक जनानी पुलीस घायल भईल बाडी । स्थिति नियन्त्रण मे लेवे खातिर पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक कोमल शाह के नेतृत्व मे नेपाल प्रहरी आ सशस्त्र प्रहरी बहुते संख्या मे परिचालन कईला पर भी समाचार तइयार करे तक स्थिति नियन्त्रण मे आवे सकल नईखे । भितर से बाल कैदीबन्दीलोग होहल्ला करत बाहर रहल पुलीस उपर ईटापथल चलवले बाडन । जउना के चलते पुलीस सुधारगृह भितर घुसे ना सकत बाडन ।
बाल सुधार गृह के प्रमुख टिका काफले के मुताविक, कुछ दिन पहिले भक्तपुर के बाल सुधार गृह मे उत्पात मचावल २३ जना बाल कैदीबन्दी के वीरगंज के बाल सुधार गृह मे लियाके राखल रहे । माकिर उलोग इहाँ ना रहेके कहत विरोध जनावत आईल रहलन । उलोग के उक्साहट मे गृह मे रहल आउर बाल कैदीबन्दीलोग मंगर के रात ८ बजे से उत्पात मचावल बतावल गईल बा ।
गृह मे रहल लईकालइकीसब बीच विवाद भईला पर भईल झडप मे करिब एक दर्जन घायल भईल समाचार स्रोत जनवले बा । झडप मे घायललोग के रात मे करिब ११ः४५ बजे तक कुछ कैदीबन्दी के उद्धार कईल जनावल गईल बा । उद्धार कर्ईल घायललोग के नारायणी अस्पताल मे ईलाज के खातिर पठावल गईल पुलीस जनवले बा ।
वीरगंज के बाल सुधार गृह मे अभी १३४ बाल कैदीबन्दीसब बाडन । रात के १०.४५ बजे तक भी स्थिति पूर्ण रुपमे नियन्त्रण मे आवे ना सकला से घटना के कारण आ विस्तृत विवरण पुलीस जानकारी नईखे करवले ।






