कोरोना से ८ जने के मृत्यु पुष्टि, ६३४ संक्रमित थपईलें

काठमाण्डु ६ भादो

कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण से आउर ८ जने के मृत्यु भईल बा ।
एकरा सँगे मृतक के संख्या १४८ पुगल बा । स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के तथ्यांक मे धनुषा आ चितवन मे भईल मृत्यु के समावेश करेके बाँकी हि बा ।

सुनसरी के ६ बरीस के लईकी के मृत्यु भईल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय जनवले बा । माकिर उनकर कहाँ आ कहिया मृत्यु भईल विवरण प्राप्त होखे नइखे सकल ।

सुनसरी के धरान–१५ के ६७ बरीस के कोरोना संक्रमित के वीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान, धरान मे मृत्यु भईल बा । उनका मे २७ सावन मे संक्रमण पुष्टि भईल रहे । भक्तपुर मे ७३ बरीस के पुरुष के मेडिकेयर अस्पताल मे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल बा ।

स्वास्थ्य मे समस्या भईला के बाद अस्पताल भर्ना भईल उनकर शुक के दिने स्वाब संकलन कईल रहे । माकिर मृत्यु के बाद पोजेटिभ रिपोर्ट आईल बा ।
मकवानपुर के हेटौंडा–४ के ५६ बरीस के पुरुष के मृत्यु कोरोना संक्रमण से भईल पुष्टि भईल बा ।

निमोनिया से पीडित उनकर बियफे के दिने हि मृत्यु भईल रहे माकिर कोरोना संक्रमण भईल रिपोर्ट शनिचर के दिने मात्र आईल बा ।

मकवानपुर के हेटौंडा–३ के ६५ बरीस के जनानी के मृत्यु भईल बा । ३२ सावन मे पुराना मेडिकल कलेज मे भर्ना भईल उनकर शनिचर के सँझिया मृत्यु भईल बा ।

भादो ३ मे मृत्यु भईल सिराहा के मिर्चैया नगरपालिका–४ के ६८ बरीस के पुरुष मे भी संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

उनकर भादो २ गते स्वाब संकलन भईल रहे, माकिर मृत्यु भईल तीन दिन के बाद मात्र संक्रमण भईल रिपोर्ट आईल बा ।

पर्सा के बहुदरमाई नगरपालिका–४ डकैला बहुअरी रहेवाला ६१ बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल बा । भादो ४ मे संक्रमण पुष्टि भईला के बाद कोरोना विशेष अस्पताल वीरगंज हेल्थ केयर मे ईलाज करा रहल उनकर शनिचर के सबेरे मृत्यु भईल बा ।

बारा के जितपुरसिमरा–१ के ८ बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल बा । कोरोना संक्रमण के पुष्टि भईला के बाद गण्डक मे भर्ना भइल उनका के शुक के नेपाल प्रहरी अस्पताल लियावल रहे । उनकर ईलाजज के समय मे मृत्यु भईल बा ।

६३४ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि
एहितरे पिछिलका २४ घण्टा मे देशभर के प्रयोगशाला मे १२५१९ स्वाब परीक्षण कईला पर ६३४ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

उपत्यका मे मात्र २१६ जने मे संक्रमित थपईलें । ई मेसे काठमाण्डु जिल्ला मे १६० जने, ललितपुर मे ६ आ भक्तपुर के ५० जने बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।